दुर्घटना मे पर के प्रसनी राउत के मृत्यु

प्रभु यादव

बारा ३१ असाढ

बारा मे सवारी दुर्घटना मे पर के एक जने सुरक्षाकर्मी के मृत्यु भईल बा ।

माहागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर २ के हुलाकी राजमार्ग मे रहल भुतही पुल लगे बुध के दिन रात के करिब ८ः३० बजे बरियारपुर से कलैया के ओर आरहल प्रदेश २–०३–००१ ख.०७१५ नम्बर के ट्रक उहे रास्ता से आरहल स.५ प.९५३७ नं.के मोटरसाइकल के पछाडि से ठक्कर देहला से मोटरसाइकल चालक सुरक्षाकर्मी के घटना स्थल मेही मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्त प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

मरेवाला सुरक्षाकर्मी पर्सा के साविक लखनपुर ९ अभी सखुहवा प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६ के ४४ बरीस के रमेश कुमार राउत रहल बानी । राउत बागमती प्रदेश शस्त्र प्रहरी गण मुका रातोमाटे हेटौडा दरबन्दी भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय सन्तपुर रौतहट मे प्रहरी सहायक निरीक्षक मे कार्यरत रहनी ।

प्रहरी सहायक निरीक्षक के लास पोस्टमार्टम कलैया अस्पताल मे कर के उनकर घर परिवार के जिमा लगावल गईल प्रवक्ता मिश्र बतावले बानी । ट्रक आ ट्रक चालक के नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।