चुरे अभियानता के छोडेके माग करत सिरहा मे चक्का जाम

मेवालाल यादव

रौतहट ०२ सावन

“सिरहा जिल्ला के डिभिजन वन कार्यालय अगाडि भ्रष्ट डेफो के कारवाही कर, मारुती सिमेन्ट के जमिन खाली कर” के नारा से चुरे तथा वन जङ्गल संरक्षण अभियान्ता ग्रुप बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।

शान्ति पुर्ण बिरोध प्रदर्शन करत प्रदर्शनकारीलोग वन अधिकृत सुभाष चन्द्र दास के इसारा मे वन पाले आ पुलीस निर्घात पिटपाट कईले बाडन । निर्घात पिटपाट करके दु जने के पुलीस पकडले बा ।

पकडाएवाला मे गोल बजार नगरपालिका –९ के सुरेश कुमार महतो आ उहे नगरपालिका –९ के गुडडु महतो रहल बाडन । ओकरा उपर सार्वजनिक मुद्दा के प्रतिक्रिया अगाडि बढेके समय मे अभियन्ता ग्रुप गोलबजार नगरपालिका के गोबिन्दपुर जाएवाला रास्ता आ मारुती सिमेन्ट के लग मे प्रदर्शनकारीलोग बीच रास्ता मे टायर बारके चक्का जाम कईले रहलन ।

चुरे अभियानता के रिहा कर भ्रष्ट डेफो के कारवाही कर कहत आजु १ घण्टा टायर बारके बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन । अभियानता के ना छोडे तक हमनी चुम ना रहेके लक्ष्मण यादव चुनौती देहनी । प्रदेश २ उधोग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्रालय से वन डिभिजन कार्यालय लहान (सिरहा) शाखा के फलफूल बिरुवा खरिद बिक्री सम्बन्धि व्यापक रुप मे अनिमिता भईल बा ।

हरेक जिल्ला तथा वन कार्यालय के प्रमुख सहित नर्सरी के संचालकलोग मिलिजुली रुप मे नेपाली जनता के हित विपरीत नेपाल के मापदण्ड विपरीत योजनासब के वन डिभिजन कार्यालय सिरहा के कार्यालय प्रमुख सुभाष चन्द्र दास ई समय कईल चुरे वन जङ्गल तथा संरक्षण अभियान्ता ग्रुप आरोप लगवले बा ।

चुरे वन जङ्गल तथा संरक्षण अभियान्ता फिल्ड मे जाके सत्य तथ्य पत्ता लगाके बिरुवा वितरण कार्जक्रम के विडियो मार्फत जनता मे सार्वजनिक कईले रहलन ।

प्रदेश –२ के पुर्वी सिरहा जिल्ला के वन डिभिजन कार्यालय के सुभाष चन्द्र दास फलफूल के पौधा बिक्री वितरण मे व्यापक भ्रष्टाचार कईल चुरे वन जङ्गल तथा संरक्षण अभियान्ता ग्रुप आरोप लगवले बा ।

कार्यालय प्रमुख अधिकृत सुभाष चन्द्र दास पौधा खरिद बिक्री मे तीस हजार बिरुवा मेसे १५ सय आँम आ लिचि सुखल पौधा वितरण कईल दाबी कईल गईल बा । कार्यालय प्रमुख दास कमिसन के लोभ मे उहे जिल्ला के जिरो माइल स्थित रहल विमल नर्सरी के संचालक सुरेन्द्र महतो से सम्झौता कईले बा ।

उ सम्झौता मे बहुते मात्रा मे कमिसन के चक्कर मे पर के सुखल पौधा किनल गईल समाचार स्रोत जनवले बा । साथे उ पौधा किनेमे लाखो के भ्रष्टाचार भईल स्थानियलोग भी आरोप लगवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।