पूर्व गाविस अध्यक्ष कुर्मी के श्रद्धाञ्जली सभा पुरा

वीरगंज ०६ सावन
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ बहुअरी टोल मे आजु नेपाली काँग्रेस के पूर्व गाविस अध्यक्ष स्व. किशोर कुमार कुर्मी के आजु श्रद्धाञ्जली कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
उनकर स्वर्गारोहण असाढ २६ गते भईल रहे । कार्जक्रम मे पार्टी के महाधिबेसन प्रतिनिधि जगदिश साह, वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष ईश्वरी साह, बारा जिल्ला प्रदेशसभा सदस्य के उम्मेदवार विजय गुप्ता, गाँवपालिका के प्रत्यासी उम्मेदवार लालबाबु यादव, पाँच गो वार्ड के सभापति, युवा नेता हरिओम पटेल, लोहा सिंह, लगायत पार्टी के नेता, कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।






