आउर २,७१४ जने मे कोरोना संक्रमण, २४ जने के मृत्यु

काठमाण्डु ७ सावन

पिछिलका २४ घण्टा मे २,७१४ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक ९,१२२ पीसीआर परीक्षण मे १८५५ जने आ ३,७०७ एन्टिजेन परीक्षण मे ८५९ जने करके २७१४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

संक्रमण के चलते २४ जने के मृत्यु भईल बा आ १२८८ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।

बियफे के दिने थपाईला सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के कुल संख्या ६ लाख ७४ हजार ७२६ पुगल बा । उ मेसे ९ हजार ९६६१ जने के मृत्यु भईल बा आ ६ लाख ३७ हजार ६९० जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।

मन्त्रालय के मुताविक अभी देशभर सक्रिय संक्रमित के संख्या २७ हजार ३७५ जने रहल बा। जउना मेसे २४ हजार ६१६ जने होम आइसोलेसन मे रहल बाडन आ २ हजार ७५९ जने संस्थागत आइसोलेसन मे रहल बाडन । कोरोना के मरेजी मेसे ६३५ जने आईसीयू आ १७२ जने भेन्टिलेटर मे ईलाज करा रहल बाडन ।

एहितरे १० बरीस निचेके ५७ लईकालइकी मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा आ ११ से २० बरीस उमिर समूह के २०५ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

कउन जिल्ला मे केतना संक्रमित थपईलें ?

स्वास्थ्य मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी काठमाण्डु मे ५३६, मोरङ मे २४५, सुनसरी मे १४९, ललितपुर मे १३०, झापा मे १०८ आ कास्की मे १०२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे नवलपरासी पुर्व मे ९३, भक्तपुर मे ८५, मकवानपुर मे ४७, गोरखा मे ३९, धादिङ मे ३३, नुवाकोट मे २८, काभ्रे मे २५, बागलुङ मे १६, स्याङजा मे १४, चितवन मे १३, दाङ, रुपन्देही आ सुर्खेत मे १२÷१२ जने आ सिन्धुपाल्चोक मे १० जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।