वीरगंज मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु

वीरगंज ०७ सावन
वीरगंज महानगरपालिका–२४ रमगढवा मे करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा । मोहित फुड प्रोडक्ट प्रालि (सोयाबिन फयाक्ट्री) मे काम करेवाला जिराभवानी गाँवपालिका–३ सहजनपुर के ३५ बरीस के पदमदेव राय चौधरी के बियफे के सबेरे करेन्ट लाग के मृत्यु भईल बा ।
फयाक्ट्री मे काम कर रहल अवस्था मे पंखा के उघार तार से करेन्ट लागला पर उनकर मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा । घटना के सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान कर रहल पुलीस जनवले बा ।