सर्वोत्तम स्टिल उद्योग के भट्टी विस्फोट, १५ जने मजदुर घायल, ८ के अवस्था गम्भीर

वीरगंज १० भादो

वीरगंज महानगरपालिका २२ मनियारी मे रहल सर्वोत्तम स्टिल उद्योग मे बियफे के दिने लोहा पघिलावेवाला भट्टी विष्फोट होके आगलागी भईला पर १५ जने मजदुर घायल भईल बाडन । घायल मेसे ८ जने के अवस्था गम्भीर रहल बा ।

ड्राइपोर्ट परवानीपुर सडकखण्ड स्थित मनियारी मे व्यावसायिक घराना सौरभ समूह से सञ्चालन मे लियावल सर्वोत्तम स्टिल उद्योग मे दिन के साढे १२ बजे ओरी विष्फोट होके आगलागी भईल बा ।

आगलागी मे पर के १५ जने मजदुर घायल भईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल बतवनी । उ मेसे ८ जने के अवस्था गम्भीर रहल उ बतवनी । घायल १५ जने मेसे १२ जने भारत के, १ जने बारा के आ २ जने के ठेगाना खुले के बाँकी रहल खनाल जानकारी देहनी । घायल सभी के वीरगंज के गण्डकस्थित नारायणी बयोधा अस्पताल मे ईलाज हो रहल खनाल जानकारी देहनी ।

आगी बुतावे खातिर वीरगंज महानगरपालिका से गईल २ गो वारुण यन्त्र प्रयोग कईल रहे । आगी लागल जानकारी मिलला के बाद महानगरपालिका से दु गो दमकल उद्योग मे पुगके आगी बुतावल वीरगंज महानगरपालिका के वारुणयन्त्र शाखा के अग्नि नियन्त्रक भीम प्रसाद दाहाल जानकारी देहनी ।

भट्ठी भडकला पर लागल आगी से उद्योग के आउर प्लान्ट मे भी आगी लागल रहे । बाद मे दमकल के सहयता से आगी बुतवले रहे । प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल पुलीस चौकी परवानीपुर के प्रहरी नायव निरीक्षक जीवन सुबेदी नेतृत्व के टोली उद्योग मे पुग के क्षति के विवरण संकलन कर रहल जानकारी देहनी ।

उद्योग के सुरक्षा गार्ड आ पुलीस भट्टी विष्फोट भईल जगहा तक घायल मजदुर के आफन्त, गाँवके लोग आ सञ्चारकर्मी के जाएमे रोक लगवले रहे । व्यावसायिक घराना सौरभ समूह मनियारी मे साढे ६ अरब के लागत मे सञ्चालन मे लियावल देश के सब से बडका स्टिल उद्योग बितल सावन ५ गते से बिलेट आ फलाम के डण्डी उत्पादन करत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।