श्री ने.रा.सीताराम महतो माबि भौराटार के ४२ जने लइकी के साईकिल बाँटल गईल

वीरगंज ११ भादो,

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ भौराटारस्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय सीताराम महतो माद्यामिक विद्यालय मे अध्ययनरत किलास ८ के ४२ जने लइकीलोग के साइकिल बाँटल गईल बा ।

प्रदेश नं.२ सरकार के लोकप्रिय कार्जक्रम मुख्यमन्त्री “बेटी पढाऊ, बेटी बचाउ” अभियान अन्तर्गत किलास ८ के लइकीसब के साइकल वितरण कईल बिधालय के प्रधानाध्यापक संजय कुमार जानकारी करवले रहनी ।

आजु के बेटी बिहान के माई, पतोह होखेवाला भईला से उ बेटीसब के सशक्त बनावेके, उच्च शिक्षा प्रदान करे खातिर अग्रसर करेके, बहुआयामिक विकास मे सहजोग करे खातिर आ विद्यालय आवतजावन करेमे सहज होखो कहके अभिप्राय से साइकल वितरण कईल वक्तालोग जोड देहले रहलन ।

बिधालय प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम मे बिधालय के बिधालय व्यवस्थापन समिति, शिक्षक अभिभावक संघ, बिधालय सल्लाहकार समिति, शिक्षक, कर्मचारी, बिद्यार्थी, अभिभावक आ स्थानीय शिक्षा प्रेमि लगायत के उत्साहजनक उपस्थिती रहल कार्जक्रम के सहजीकरण संदीप कुमार जैसवाल कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।