प्रदेश २ मे सञ्चार क्षेत्र के व्यवस्थित आ समृद्ध बनावल जाई : सञ्चार मन्त्री साह

वीरगंज ११ भादो

मध्य नेपाल मिडिया प्रा.लिद्धारा संचालित मध्य नेपाल पत्रिका के पाँच वाँ वार्षिक उत्सव एक कार्जक्रम के बीच मनावल गईल बा । नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे आजु भईल कार्जक्रम मे ‘पत्रकारिता क्षेत्र मे जनानीलोग के अवसर आ चुनौती के’ विषय मे बतकही कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश नं. २ कोआन्तरिक मामिला तथा सञ्चार मन्त्री भरत प्रसाद साह प्रदेश २ मे सञ्चार क्षेत्र के व्यवस्थित आ समृद्ध बनावे खातिर कार्ययोजना बनावेके काम हो रहल बतवले बानी । आर्थिक भार से बन्द होखेवाला स्थानीय अबल पत्रिका के प्रथमिकता मे राख के अगाडि बढावेके बतवनी । उ पहुँच के आधार मे बिज्ञापन देवेवाला काम के भी निरुत्साहित करेके बतावत सञ्चार संस्था के बर्गीकरण करके उहे आधार मे लोककल्याणकारी बिज्ञापन उपलब्ध करावेके प्रतिवद्धता जनवनी ।

प्रदेश २ मे घुँघट प्रथा, बोक्सी प्रथा जईसन विकृतिसब भी जनानीलोग के मुलधार मे लियावे से वञ्चित करईला से सञ्चारमाध्यममार्फत समाज मे विद्यमान विकृतिसब के बारे मे नागरिक के जागरुक बनावेके बात मे जोड देहनी ।

कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर शान्ति कार्की, महिला स्वास्थ्यकर्मी डा. लक्ष्मी थापा, एहितरे पत्रिका के कर्मचारी शोभा धमला आ सबनम भट्टराई के सम्मान कईल रहे । कोरोना काल मे फ्रन्टलाईन मे खट के जनता कपे सुशुचित करेवाला एम्बुलेन्स चालकद्वय मुमताज मियाँ आ रामनेरश यादव के सम्मान कईल रहे ।

कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे, सशस्त्र प्रहरी बल पर्सा के एसपी राजेन्द्र खड्का, नेपाली कांग्रेस के जिल्ला सचिव श्याम पटेल, नेकपा माओवादी केन्द्र प्रदेश नं. २ के प्रदेश सदस्य छोटेलाल प्रसाद यादव, प्रदेश सांसद भिमा यादव, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के महासचिव श्याम बन्जारा, जिल्ला अध्यक्ष अनुप तिवारी, उधोग वाणिज्य संघ प्रदेश नम्बर २ के अध्यक्ष गणेश लाठ, पुर्व अध्यक्ष अशोक बैध, नेपाल रेडक्रस सोसाईटि के उपाध्यक्ष मधु राणा, समाजसेवी पशुपति विक्राम शाह, उषा शाह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।