सञ्चार क्षेत्र के समस्या व्यवस्थित रुप मे समाधान कईल जाई : सञ्चारमन्त्री साह

वीरगंज ११ भादो,

प्रदेश नम्बर २ के आन्तरिक मामिला तथा सञ्चार मन्त्री भरत प्रसाद साह सञ्चार क्षेत्र मे देखल गईल समस्या के व्यवस्थित रुप मे हल करत पत्रकार के क्षमता अभिबृद्धि के खातिर आवेवाला दिन मे मन्त्रालय से ठोस कदम चालेके बतवनी ।

वीरगंज स्थित रेडियो वीरगंज के अनुगमन के बाद सञ्चारकर्मीलोग बिच भेटघाट करत मन्त्री साह रौतहट के घटना से पत्रकार के सुरक्षा उपर भी चुनौति थपात गइल कहत एकरा उपर राज्य से विशेष ध्यान देवेके जरुरत रहल बतवनी ।

उ समानुपातिक रुप मे विज्ञापन वितरण ना करके वितल समय मे आपन आसेपासे, निकट के आदमी के मात्र विज्ञापन देवेवाला प्रथा के खुद तुरके आवाज विहिन जनता के पक्ष मे आवाज उठावेवाला मिडिया के विज्ञापन देवेवाला नीति अवलम्वन करेके बतवनी ।

प्रदेश २ मे बहुते संचारमाध्यम संकट मे पडल खुद से देखल कहत अब प्रदेश मे जरुरत मुताविक चले सकेवाला पूर्वाधार भईल छापा तथा रेडियो, टिभी के मात्र संचालन के अनुमति देवेवाला नीति लियावे के बतवनी ।

मन्त्री साह च्याउ जईसन खुलल मिडियासब के व्यवस्थित करे खातिर प्रदेश सरकार मिडिया काउन्सिलमार्फत काम करेके बतवनी ।

उ बितल समय के काम भईल ओकरा ओरी गईला से भी अब का करेके पडि कहके खुद लागल बतवनी । कार्जक्रम मे सञ्चारकर्मीलोग क्रियाशील पत्रकारलोग देश मे प्रादेशिक संरचना आईल समय से सञ्चारकर्मीलोग अनावश्यक झनझट के सामना करेके पडल सिकाईत कइनी ।

पत्रपत्रिका सञ्चालन कर रहल व्यवसायिक पत्रकारलोग से विज्ञापन से लोक कल्याणकारी विज्ञापनवापत के भुक्तानी मिले खातिर अस्थायी राजधानी जनकपुर मे गईला पर उहाँ के कर्मचारी अनावश्यक दुःख देरहल सिकाईत कइनी ।

सरकारी निकाय से मिलेवाला विज्ञापन जनकपुर बाहर के सञ्चार सँस्थासब से ना मिल रहल आ छोटा विज्ञापन प्रकाशित कईला पर भी उ वापत के भुक्तानी मिलेमे बरीसो लागेके बतावत सिन्डिकेट मे जनकपुर बाहर के पत्रपत्रिकालोग के पहुँच तक पुगे ना सकल उलोग सिकाईत कईले रहलन ।

कार्जक्रम मे रेडियो वीरगंज एवं टिभी बीरगंज के कार्यकारी अध्यक्ष ध्रुव साह, नेकपा माओवादी के केन्द्रिय सदस्य गोपाल ठाकुर, माओवादी नेता छोटेलाल साह, तेली कल्याण समाज पर्सा के पदाधिकारी तथा सदस्य, संचारकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।