विश्रामस्थल बनईला के साथे वृक्षरोपण

वीरगंज १२ भादो
पोखरीया नगरपालिका–९ सेमरबारी चोक मे आजु वृक्षरोपण कईला के साथे यात्री के बईठे खातिर विश्रामस्थल निर्माण कईल बा ।
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के नेता नेजामुद्दीन समानी के पहल मे पोखरीया–४ स्थित नयाँ जनशक्ति युवा क्लब, उद्योगपति सत्यनारायण क्याल आ गणेश लाठ के सहजोग मे विश्रामस्थल तथा वृक्षरोपण कईल बा ।
उ अवसर मे नेता समानी पोखरीया नगरपालिका मे शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र के विकास, भौतिक पूर्वाधार निर्माण तथा युवा रोजगारी के खातिर सहजोग करे खातिर सङ्घीय आ प्रदेश सरकार से माग करत अईसन काम मे अनेकन गैरसरकारी सङ्घसंस्था आ उद्योगपति के भी सक्रिय भूमिका निर्वाह करे खातिर निहोरा कइनी । उ नगरपालिका मे सुशासन कायम करे खातिर आ भ्रष्टाचार विरुद्ध सशक्त आवाज उठावेके बतवनी ।
क्लब के अध्यक्ष रामबाबु चौहान के सभापतित्व मे भईल उ कार्जक्रम मे लोसपा के स्थानीय नेता राजनारायण कुर्मी, हरि साह, जयनारायण यादव आ क्लब के पदाधिकारी तथा सदस्य के सहभागिता रहल रहे ।






