आदर्शकोतवाल गा.पा. के अध्यक्ष अंसारी पत्रकार आलम के पिटपाट कईलन

प्रभु यादव

बारा १२ भादो

बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका के अध्यक्ष मुुस्तुुफा अंसारी एक पत्रकार के पिटपाट कईले बाडन । गाँवपालिका मे रहल एम्बुुलेन्स के रिपोर्टिङग करे पुुगल सिम्रौनगढ मे रहल बादल एफएम के सञ्चालक पत्रकार नुुरआलम बादसाह के गाँवपालिका अध्यक्ष अंसारी दश जने के समूह मे आदमी लेके पिटपाट कईल पिडित पत्रकार जानकारी करावले बानी ।

जसपा अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के जुुलुुस मे एम्बुुलेन्स चालक शेख सफरुदिन गईल आ विमार अस्पताल लेजाएला छरपटा रहल बात के जानकारी करावेके खोजला से आक्रोसित गाँवपालिका अध्यक्ष अंसारी आपन दलबल सहित आपना उपर हाथपात करत मारपिट कईल पत्रकार बादशाह सिकायत कईले बानी ।

आपने अभि कलैया अस्पताल मे दवाई करारहल पत्रकार बादशाह जनकारी करावत अध्यक्ष अंसारी सहित मारपिट करेवाला उपर करवाही खातिर समन्धित निकाय से माग कईल जानकारी करावले बानी । गाँवपालिका अध्यक्ष मुुस्तुुफा अंसारी से जानकारी लेहला पर आपने कोई के मारपिट ना कईल जनकारी करावले बानी ।

पत्रकार बादशाह आ एम्बुुलेन्स चालक सेख सर्फुदिन आपने भाइ हवे घर के झगडा लेके आपने मे गाली गलौज कईले बाडन कहके अध्यक्ष अंसारी बतवले बानी । दुनु जने के झगडा सँझिया के करिब पाँच बजे के समय मे गाँवपालिका के कार्यालय मे मिलारहल रहनी बात मिले मिले भईल समय मे दुनु भाइ मे एकआपस मे झगडा भईल अध्यक्ष अंसारी जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।