जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका कार्यालय बाहर फुहर राख के विरोध प्रदर्शन

बारा १५ भादो
जीतपुर सिमरा बजार क्षेत्र मे फुहर ना उठावल विरोध मे स्थानीय युवा उपमहानगरपालिका कार्यालय मे फुहर उपहार पठवले बाडन ।
जीतपुर सिमरा बजार क्षेत्र मे लम्हर समय से फुहर व्यवस्थापन करेके बिषय मे उपमहानरपालिका चासो ना देखावल कहत सांकेतिक विरोध स्वरुप युवा बजार के फुहर उपमहानगरपालिका कार्यालय मे पठवले बाडन ।
बजार मे दुर्गन्ध बढल कहत युवा उपमहानगरपालिका के गेट मे फुहर रखले बाडन । ‘हमनी जेतना कहला पर भी उपमहानगर ना सुनलख, बाध्य होके हमनी आजु उपमहानगरपालिका के बजार के फुहर उपहार पठवनी’ स्थानीय युवक किसन ढकाल बतवनी ।
उपमहानगरपालिका के बेर बेर फुहर व्यवस्थापन के खातिर ध्यानाकर्षण करईला पर भी बेवास्ता कईला से उपमहानगरपालिका कार्यालय मे फुहर जम्मा कईल उनकर कहनाम बा ।
स्थानीय युवा तत्काल फुहर व्यवस्थापन के पहल ना कईला पर हरेक दिन उपमहानगरपालिका कार्यालय बाहर जम्मा करेके चेतावनी देहले बाडन ।





