अनेकन माग सहित नेका नेता कार्यकर्ता महानगर कार्यालय अगाडि धर्ना देहलें

वीरगंज १७ भादो
वीरगंज शहर के फुहर व्यवस्थापन लगायत के माग राख के नेपाली कांग्रेस के नेता कायकर्ता महानगरपालिका कार्यालय के मूल गेट मे बियफे के दिने दु घण्टा धर्ना देहले बाडन । कांग्रेस क्षेत्रीय सभापति विजय सर्राफ के नेतृत्व मे गईल उलोग नगर प्रमुख के ज्ञापन पत्र भी बुझवलन ।
सर्राफ कहनी, ‘वीरगंज शहर के सरसफाइ के अवस्था पहिले से भी अभी आउर बहुते खराब भईल बा, जगहा–जगहा मे फुहर के थुप्रो देखल गईल । दैनिक फुहर महानगर ना उठावेला । उहे चलते दु घण्टा धर्ना देहल गईल आ मेयरसाब के ज्ञापनपत्र भी बुझावल गईल बा ।’
माकिर वीरगंज महानगर के नगरप्रमुख विजय सरावगी आपन ४ बरीस के कार्यकाल मे महानगर के सरसफाइ के अवस्था मे बहुते सकरात्मक सुधार आईल दावी कइनी । ‘पहिले भितर के गल्ली मात्र ना मेनरोड मे फुहर जम्मा होत रहे । बाहर से अईला से वीरगंज के फुहर शहर कहके उपमा देत रहलन, माकिर बहुते सुधार भईल बा । अभी भी सुधार करेके पक्ष मे लागेम ।’
वीरगंज महानगरपालिका दु बरीस से महानगर क्षेत्र के सरसफाइ आ फुहर व्यवस्थापन के जिम्मा नीजी क्षेत्र के देहले बा । सार्वजनिक निजी साझेदारी अवधारणा अन्तर्गत महानगर आर्थिक बरीस २०७६÷७७ से नगर क्षेत्र के सरसफाइ आ फुहर व्यवस्थापन के जिम्मा पृथ्वीतारा–एनके इन्टरनेशल जेभी के देहले बा ।
सार्वजनिक निजी साझेदारी अवधारणा अन्तर्गत महानगर ४ बरीस के खातिर २४ करोड रोपेया मे सरसफाइ आ फुहर के व्यवस्थापन के ठेक्का निजी क्षेत्र के देहले रहे । सम्झौता मे हरेक घुरधुरी से ठेकेदार फुहर संकलन कईला मे मासिक रुप मे सरसफाइ शुल्क उठावे मिलेके उल्लेख रहे ।
माकिर सम्झौता के पहिलका बरीस मे ठेकेदार महानगर के ३० प्रतिशत घरधुरी भी सरसफाइ शुल्क ना देहला के बाद महानगर सम्झौता हि परिवर्तन कईले बा ।
उ मुताविक अब ठेकेदार पहिले के सम्झौता मुताविक के २४ करोड रोपेया तिरेके ना पडि । बितल आर्थिक बरीस से ठेकेदार घरधुरी से उठावेवाला सरसफाइ शुल्क बापत के रोपेया से आधा (५० प्रतिशत) खुद राखेके आ बाँकी ५० प्रतिशत रकम महानगर के बुझावेवाला किसिम से सम्झौता संशोधन कईल नगरप्रमुख सरावगी बतवनी ।
डस्टबिन मे राखल फुहर महानगर के ट्याक्टर भा ठेला घर अगाडि पुगल समय मे देके नगरवासी के महानगर निहोरा करत आईल बा । माकिर एतना कईला पर भी नगरवासी घर भितर के फुहर भी सडक आ नाला मे बिगला के चलते महानगर अपेक्षा मुताविक अभी भी सफासुग्घर होखे ना सकल सरावगी बतवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका जथाभावी फुहर बिगेवाला प्रवृति हटावेके कहत फुहर मैला व्यवस्थापन ऐन २०७५ भी लिआईल बा । उ ऐन मे जथाभावी फुहर बिगेवाला लगायत अनेकन कसुर मे कसुर मुताविक ५ सय से १ लाख तक जरीवाना के व्यवस्था भी कईल बा । माकिर उ ऐन लियावल दु बरीस बितला पर भी ऐन के प्रभावकारी कार्यान्वयन होखे सकल नईखे ।






