कलैया अस्पताल के डाक्टरलोग के बदमासी, बिना चेकजाँच कईले मरेजी के रेफर कईल जा रहल आरो

प्रभु यादव

बारा १७ भादो

बारा के एक मात्र अस्पताल कलैया अस्पताल मे २४ घण्टा डाक्टर डिउटी करेलन । २४ घण्टा डिउटी सुन के लागत होई कि बहुते मेहनती आ काम मे सफल रहल होसकता ।

२४ घण्टा मे चार जने डाक्टर के डिउटी के जगह मे नेपाल सरकार के निती नियम के मार के एक जने डिउटी करेलन आ एक हप्ता छुटी मे रहेलन । एक जने डाक्टर २४ घण्टा डिउटी करतन उ जगह केतना बढीया मरीज के इलाज होसकत बा उ सभे के बुझेवाला बात रहल बा । कलैया अस्पताल मे दु जने दरबन्दी भईल डाक्टर रहल बाडन त १० जने करार मे काम कर रहल बाडन ।

ईमरजेन्सी फाँट मे एक डाक्टर के एक दिन २४ घण्टा डिउटी देके एक हप्ता छुटी देवेवाला काम करीब दु बरीस से कईल जारहल बा । ईमरजेन्सी मे डाक्टर ललन महतो, डाक्टर सुर्या यादव, डाक्टर गुल्लमहम्द, डाक्टर पज्ञा झा आ डाक्टर अमित यादव २४ घण्टा के रूटीङ्ग मे काम करत आरहल बानी । सुत्केरी ओर डाक्टर हरिओम केसरी, ओपिडी ओर डाक्टर चान्दनी साह, डाक्टर मुकेश यादव, डाक्टर मनोज यादव आ विकेश पाण्डे काम करत आरहल अस्पताल स्रोत जनकारी करावले बा ।

अस्पताल मे अधिक गरिब, असाहाय, पिडित लगायत के मरिज सब दवाई करावे आवेलन । अस्पताल मे चेक जाँच करावे आईल विमार लोग के अस्वस्था बुझ के ईलाज ना कर के दुसर अस्पताल मे अधिक पेठावे के काम कईल जारहल सेवाग्राही के सिकायत रहल बा । कलैया उपमहानगरपालिका २ के मुक्ति यादव आपन मेहरारु के पेट दर्द के ईलाज करावे पुगला पर पुछताछ कर के सिधा वीरंगज लेजाए के सल्लाह देके रिफर कर देहल सिकायत कईले बानी ।

वीरंगज के भवानी अस्पताल मे एम्बुलेन्स लेके पुगला वाद डाक्टर से देखावला पर चेकजाँच कईला पर कुछ ना भईल ग्यास के मात्र समस्या रहल कहत दवाई देहलख जवना के कलैया अस्पताल मे ईलाज ना भई ओकरा के गैर जिमेवार डाक्टर रहल सिकायत कईले बानी । बारा नागरीक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास कलैया अस्पताल रिफर अस्पताल भईल सिकायत कईले बानी ।

ओपीडी मे रहल डाक्टर लोग अस्पताल मे रहल जाँच के फरक जाँच लिख के निज मे प्रयोगशाला मे भईल चेकजाँच के भईल चेक मे सुविधा निमन ना भईल बाहर से चेकजाच करवा मे लागल कमिशन के खेल खेल रहल समाज के अध्यक्ष दास सिकायत कईले बानी । इमरजेन्सी मे रहल डाक्टर लोग मरिज के रिफर कर के निजि अस्पताल मे पुग्ला पर एम्बुलेन्स के दु हजार से पाँच हजार तक के कमिशन लेवेलन दास सिकायत कईले बानी । इमरजेन्सी के डाक्टर सब एक दिन काम करेला आ एक हप्ता निजि किल्निक मे काम करेलन जवना मे रिफर कईल मे डिउटी कर के कामाए मे लागल दास सिकायत कईले बानी ।

अस्पताल के मेसु डाक्टर गौरव महतो से जनकारी लेहला पर इमरजेन्सी मे एक डाक्टर २४ घण्टा डिउटी करेलन आ तीन दिन विदा मे बईठके पढेवाला काम करेलन जनकारी करावले बानी । डाक्टर के दरवन्दी रहल बा माकिर आवे नासकला से समस्या रहल मेसु महतो जनकारी करावले बानी । काम करेवाला वातावरण ना भईला से डाक्टर सब ना रहे के चाहला से काम करे मे समस्या भईल बा ।

इमर्जेन्सी मे एक डाक्टर के २४ घण्टा डिउटी भईला से काम करे मे समस्या सब भईला से मरिज के रेफर करे के पर रहल मेसु महतो जनकारी करावले बानी । डाक्टर रमोला साह छोड के चल गईनी आ डाक्टर गोपाल यादव सरूवा करा के दु दिन पहिले चल गईल बानी कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।