जनमत पार्टी रौतहट के ३३ सदस्यीय जनानी संघ गठन

मेवालाल यादव

रौतहट १९ भादो

डा सीके राउत नेतृत्व के जनमत पार्टी रौतहट मे जनानी जनमत संघ गठन कईल बा ।

जनमत पार्टी के राष्ट्रिय उपाध्क्ष ई. बसन्त कुशवाहा के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल जिल्ला स्तरीय महिला भेला कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि मे प्रकाशन बिभाग के प्रमुख तथा केन्द्रीय सदस्य ललित मलिक आ डा . सुबन्त कुशवाहा रहल रहलन । उ भेला से अनिता साह के अध्यक्षता मे ३३ सदस्यीय जनानी जनमत संघ रौतहट जिल्ला कार्यसमिती गठन भईल बा । उ कार्यसमिति के सहसंयोजक मे पुनम झा आ रागिनी उपाध्याय के चयन कईले रहनी ।

रौतहट जिल्ला के गरुडा नगरपालिका के झाझपुर स्थित रहल नि.मा.बि. के प्राङ्गण मे आजु जनमत पार्टी के जनानी जनमत संघ जिल्ला परिचालन समिति गठन कईल बा । जनमत पार्टी के इ. बसन्त कुशवाहा आपन पार्टी के बारे मे आ महिला जनमत संघ के गठन सम्बन्धि अनेकन बात मे आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

जनमत पार्टी रौतहट जिल्ला अध्यक्ष रामेश्वर यादव, उपाध्यक्ष शेख नैमुदीन, सचिव विकास कुमार यादव, सहसचिव नविन श्रीवास्तव, कोषाध्यक्ष बिरेन्द्र साह सहित पार्टी के भातृ संगठन के जिल्ला प्रमुखलोग के भी सहभागीता मे जिल्ला कार्यसमिति गठन भईल बा । उ कार्जक्रम मे पार्टी के जिल्लाभर के महिला नेत्री सहित २५० जने जनानीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।