व्यवहार आ हासिलता मे परिवर्तन ना होई तब तक शिक्षा के कवनो अर्थ ना रही ः सप्रउ कर्णजित

प्रभु यादव

बारा १९ भादो

बारा के कलैया मे पढनियार लईकालईकी लोग के स्वागत आ विदाई कार्जक्रम पुरा भईल बा । कार्जकम के प्रमुख अतिथि शस्त्र प्रहरी उपरीक्षक रविराज कर्णजित व्यवहार आ हासिलता मे परिवर्तन ना होई तब तक शिक्षा के कवनो अर्थ ना रही कहके जानकारी करवले बानी ।

अनुशासन आ व्यवहार शिक्षा के गहना हवे ओमे ना ढलेतक लेहल प्रमाण पत्र के कवनो महत्व ना होसक्ता प्रमुख अतिथि कर्णजित जनकारी करावले बानी । किताब मात्र अध्यन कईला से ना होई व्यवहारी आ सफलता के ओर पुगे के साहस होखे के परल प्रमुख अतिथी बतावले बानी । पढनियार लोग कवनो शिक्षा पढो लोग उ लोग शिक्षा हासिल कर के सफलता ओर ना बढी तब तक ओकर कवनो औचित्य ना होखी बतवले बानी ।

पढनियार लईकालईकी सब के स्वागत आ विदाई कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि बारा नागरीक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास शिक्षा नीति लगडा होके बईठल बा जवना से विद्यालय मे कवनो शैक्षिक कार्जक्रम ना होरहल बतवले बानी । कार्जक्रम मनकामना ईङ्गलिस बोर्डिङ स्कुल आपन आँगन मे सम्पन्न कईले रहलन ।

स्कुल के प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम मे किलास ११ के ६० जने पढनियार लईकालईकी सब के स्वागत करत किलास १२ मे पढरहल ४६ जने के विदाई कईले बा । किलास १२ मे कानुन शिक्षा पढल १८ जने आ २८ जने व्यवस्थापन शिक्षा पढके क्याम्पस के शिक्षा लेवेला जाए के भईल लोग के विदाई कईल गईल रहे ।

आवेवाला पढनियार लोग के फुल के माला लगा के स्वागत आ जाएवाला लोग के प्रशासा पत्र सहित फुल के माला लगा के प्रमुख अतिथि बारा के सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक रविराज कर्णजित, नेपाली सेना के ज्वला दल गण के नियमित प्रमुख सुनिल विक्रम साह आ मनकामना स्कुल के प्रवन्धक रामबाबु कुशवाह संयुक्तरूप मे कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख विकास अधिकारी, गोपाल सेवा समिति बारा शाखा अध्यक्ष जंगबहादुर यादव, शिक्षक तेजिलाल साह, नरेन्द्र निधि, पवन शर्मा नेपाल स्काउट के बारा जिल्ला आयुक्त भरत साह, प्रभु बैक शाखा कलैया के प्रमुख मुकेश कुमार गुप्ता, शिक्षा प्रेमी रामविध्या कुशवाहा आ कानुन के पढनियार सुरेश धमला लगायत के लोग आपन आपन बात राखत शिक्षा से दवाई से विकास के काम करे तक मे बहुत भुमिका रहल जोड देहले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।