वीरगंज मे लईकालइकी के मानसिक स्वास्थ्य सेवा प्रदान करे खातिर स्वास्थ्यकर्मी के तालिम

वीरगंज २० भादो
वीरगंज महानगरपालिका लईकालइकी तथा किशोर–किशोरी के मानसिक स्वास्थ्य सम्बन्धी सेवा प्रदान करे खातिर स्वास्थ्यकर्मीलोग के तालिम देहले बा । महानगर अन्र्तगत रहल स्वास्थ्य संस्था मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के मानसिक स्वास्थ्य सम्बन्धी पाँच दिने ‘सेवा प्रदायक’ तालिम देहल गईल बा ।
भादो ७ गते से ११ गते तक, भादो १३ गते से १७ गते तक करके दु बेर देहल गईल तालिम मे ४० जने स्वास्थ्यकर्मी सहभागी भईल रहलन ।
महानगरपालिका अन्र्तगत एगो प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, १६ गो स्वास्थ्य चौकी, एगो शहरी स्वास्थ्य केन्द्र, नगर स्वास्थ्य केन्द्र ४ गो, आधारभूत स्वास्थ्य केन्द्र ८ गो आ सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई एगो करके ३० गो स्वास्थ्य संस्था मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के तालिम देवेके महानगर जनवले बा ।
तालिम मे सहभागी स्वास्थ्य संस्था तथा समुदाय मे मानसिक स्वास्थ्य समस्या भईल लईकालइकी तथा किशोर–किशोरी पहिचान करेके, आपन ओरी से सकेवाला किसिम के समस्या समाधान करेके आ जटिल समस्या देखल गईल अवस्था मे मानसिक रोग विशेषज्ञ चिकित्सक के रिफर करके ईलाज मे सहजोग करेके स्वास्थ्य महाशाखा के जनस्वास्थ्य निरीक्षक सुमनचन्द्र ठाकुर बतवनी ।






