रौतहट के गौर बसपार्क मे फुहर ब्यबस्थापन करेके माग करत बिरोध प्रर्दशन

मेवालाल यादव
रौतहत २१ भादो
रौतहट के अनेकन मुख्य–मुख्य जगहासब मे हि फुहर भईला पर सहरसब हि कुरुप बनत जा रहल सिकाईत बढे लागल बा ।
रौतहट के सदरमुकाम रहल गौर बसपार्क मे हि फुहर हि फुहर भईला से यात्रु के समस्या भोगेके पडल बा । रौतहट के गौर बसपार्क मे फुहर ब्यबस्थापन ना कईल कहत आजु स्थानिय आ सवारी चालकलोग नारावाजी सहित प्रदर्शन कईले बाडन । करोडो के लागत मे बनल रौतहट के गौर बसपार्क कुरुप आ प्रदुषित होत गईल कहत स्थानीय आ सवारी चालक नाराबाजी कईल उलोग बतवले बाडन । गौर बसपार्क दिन पर दिन प्रदुषित होत गईला के बाद दुर्गन्ध फईले लागला के बाद स्थानिय आ सवारी चालकलोग के अनेकन बेमारी लागे सकेवाला भईला से तत्काल नगर प्रमुख अजय गुप्ता पहल कदम चालेके प्रर्दशनकारीलोग माग कईले बाडन ।
प्रदर्शनकारीलोग बसपार्क ठेकेदार आ नगर प्रमुख बिरुद्ध कडा नारावाजी कईले रहलन । प्रदर्शनकारीलोग बस पार्क मे ध्यान दे, सरसफाई उपर ध्यान दे, विजुली बत्ति उपर ध्यान दे लगायत के नारा लगवले बाडन । बस पार्क ठेकेदार आ नगरपालिका के नगर प्रमुख, उपप्रमुख के भी मिलोमत्तो भईला से बस पार्क के रेखदेख मे नगरपालिका से ध्यान ना देहल उलोग के आरोप रहल बा । एहितरे रौतहट जिल्ला के मध्य भाग मे रहल गरुडा नगरपालिका भी फुहर के चलते कुरुप बनत जा रहल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
रौतहट के मध्य भाग मे पडेवाला तथा ब्यापारीलोग के मुख्य बजार गरुडा हि रहल बा, ओकरा खातिर फुहर के साथे गरुडा के अनेकन जगहा मे फुहर हि फुहर रहला के चलते स्वच्छ गरुडा सुन्दर गरुडा कागज मे हि सिमित रहला के साथे अब गरुडा कूरुप के रुप मे परिचित होत जा रहल जानकारलोग बतवले बाडन । गरुडा के ईलाका प्रहरी कार्यालय अगाडी हि फुहर भईला पर पुलीस भी एकरा उपर कउनो चासो ना देखावल स्थानियलोग बतवले बाडन ।
पुलीसलोग अनेकन जगहा मे जाके आपन आरीपाछि सफा राखेके पडि एकरा से देह के भी अनेकन बेमारी से बचाई । माकिर आपन अगाडी एतना फुहर राखला पर एकरा उपर पुलीस मौन रहला से स्थानिय पुलीस उपर हि सवाल खडा कईले बाडन । ईलाका प्रहरी कार्यालय गरुडा से १०० मिटर पुर्व तथा चपुर गौर जाएवाला रास्ता के किनार मे हि एतना फुहर जम्मा कईला के चलते एकरा से केतना बेमारी पाटेके सम्भवना रहल बा यकिन भी ना कईल जा सकता ।
उ रास्ता मे अवात जावत कईला पर यात्रुलोग तथा बस मे सवार यात्रीलोग नाक मुह बन्द करके आवेजाएमे बाध्य भईल बाडन ।





