धोबिनी गापा अध्यक्ष ज्ञापनपत्र बुझेके ना मानला पर युवा के बिरोध प्रदर्शन

राजन कुमार बानिया
पोखरिया २१ भादो
नेकपा एमाले के युवा संघ आजु पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका मे अनेकन आर्थिक बरीस मे भईल काम के सुचना मांग करत ज्ञापनपत्र बुझावे गईल रहलन ।
नेकपा के धोबिनी युवा संघ के अगुवाई मे सबेरे निकलल दबाब मुलक मोटरसाईकल जुलुस के बाद अनेकन मांग सहित १५ बुंदे ज्ञापनपत्र बुझईला पर गाँवपालिका ना बुझलन ।
धोबिनी चोक से सुरु भईल दबाब सहित के मोटरसाईकल जुलुस गाँवपालिका कार्यलय मे गाँवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी के ज्ञापनपत्र बुझईला पर गाँवपालिका अध्यक्ष से ना बुझल युवा संघ के अध्यक्ष रामाधार पटेल बतवनी । युवा संघ गाँवपालिका गेट अगाडि बिरोध करके नाराबाजी भी कईले रहलन । सबेरे ११ बजे गाँवपालिका अध्यक्ष सुरेश प्रसाद कुर्मी के ज्ञापनपत्र बुझईला पर अध्यक्ष लागायत केहु ज्ञापनपत्र ना बुझल संघ के अध्यक्ष पटेल बतवनी ।
लम्हर समय से गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग काम हि ना करके बजेट पचावल, बिकाश कईला पर भी गुणस्तरहिन कईल, जनता काम आ सिकाईत सम्बोधन मे जनप्रतिनिधि वेवास्ता करत अध्यक्ष कुछो ना बोल के कोठरी भितर जाके बईठल रहलन ।
उ गाँवपालिकाका जनप्रतिनिधि बितल आर्थिक बरीस से कर्मचारी के मिलोमतो मे नितिगत भ्रष्टचार कईल तथ्य मिलला के बाद ज्ञापनपत्र मार्फत पालिका के विकृति उजागर करे लागल पटेल बतवनी । जिनसी मे भी करोडो के भ्रष्टाचार भईल बा । ज्ञापनपत्र मे उल्लेखित माग जलदी से जलदी उपलब्ध ना करईला पर चरणबद्ध रुप मे आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी देहल बतवनी । ज्ञापनपत्र बुझावे गईल टोली मे अमिका पटेल, हरि पटेल, समुल मिया, सदाम अहमद, लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






