वार्ड अध्यक्ष साह बितल तीन बरीस से वार्ड कार्यालय मे ना आवेलन

मेवालाल यादव

रौतहट २३ भादो

रौतहट के एक जने वार्ड अध्यक्ष बितल तीन बरीस से वार्ड कार्यलय मे हि ना आईल समाचार मिलल बा ।

जिल्ल के देवाही गोनाही नगरपालिका वार्ड नं.९ धरहरी के वार्ड अध्यक्ष राजेश साह बितल तीन बरीस से वार्ड कार्यलय मे ना बईठल उहाँ के स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।

वार्ड अध्यक्ष निर्वाचित भईल शुरु शुरु मे कुछ दिन मात्र वार्ड कार्यलय मे बईठल आ बाद मे बईठल हि छोडल स्थानिय हरेन्द्र साह बतवले बानी ।

खुदसब के कुछ काम परला पर ओकरा खातिर वार्ड अध्यक्ष राजेश साह के घरमे हि पुगेके बाध्याता रहल साह के कहनाम बा । वार्ड कार्यलय से देवेवाला सेवा वार्ड अध्यक्ष साह आपन घर बोलाके देरहल उहाँ के स्थानियलोग बतवले बाडन ।

नागरिकलोग के वार्ड कार्यलय से होखेवाला काम के आपन घर मे बोला के मात्र कर रहल उलोग के कहनाम बा । वार्ड अध्यक्ष राजेश साह वार्ड कार्यलय के कम्पुटर ल्यापटप डेक्स बेन्च कुर्सी वाईफाई नेट समान आपन घर मे लेजाके राखल आ काम कर रहल दोसर स्थानिय दिपक साह बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष साह के गैर जिम्मेवारी के चलते वार्ड कार्यलय के अवस्था लथालिङ्ग भईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।