प्रहरी चौकी महादेवपट्टी गाँजा सहित मोटरसाईकल पकडलख

मेघराज राय

जिराभवानी २५ भादो

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका से पुलीस अबैध लागुऔशध गाँजा सहित एगो भारतीय मोटरसाइकल पकडले बा ।

प्रहरी चौकी महादेवपटि से प्रहरी सहायक निरीक्षक जितन प्रसाद यादव के नेतृत्व मे गईल गस्ती टोलि जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नम्बर एक के ओरिया खोला के रास्ता होत काल्हु सँझिया ४ बजे के समय मे नेपाल से भारत ओरी जा रहल बीआर ०५ बी ४१०२ नम्बर के मोटरसाइकल लोड कईल अन्दाजी ८ किलोग्राम अबैध गाजा बरामद मईल बा ।

पुलीस के नियमित चेकिङ चल रहल समय तस्करलोग पुलीस के देखते मातर गाँजा सहित के मोटरसाइकल छोड के भागला से पकडे ना सकल प्रहरी चौकी महदेवपटि जनवले बा । पकडाईल गाजा सहित मोटरसाइकल के जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावेके तईयारी भईला के साथे गाजा तस्करलोग के खोजी काम हो रहल ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।