कलैया तरकारी बजार के व्यापारीलोग ग्राहक के ठग रहल

प्रभु यादव

बारा २५ भादो

बारा के सदरमुकाम मे रहल कलैया तरकारी बजार के व्यापारीलोग ग्राहक के ठग रहल बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १५ के तवारक हवारी तरकारी बजार मे तरकारी किने गईला पर व्यापारी सब आपन मनोमानी तरिका से मोल राख के बेचला से दिन प्रति दिन ठगी मे परहल सिकायत कईले बानी ।

गाँव से किसान सब तरकारी बेचे आईला पर उलोगन के जगह ना बा आ बजार के तरकारी व्यापारी सब डरवा धमका के कम दाम मे लेके खाएवाला से अधिक महँगा दाम लेके बेचेके काम करहल बा उ ठगी भईल हवारी सिकायत कईले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के राजु मेहता तरकारी किने पहुचला पर एक किलो के २५ रोपेया आ आधा किलो किनला पर १५ रोपेया लेरहल जवन कम किनेवाला के अखदेखार आपन मनमऔजी ठगी कर रहल सिकायत कईले बानी ।

एक किलो किने पुगला पर तरकारी मनपसन्द भईल जोखाईला पर आठ सय ग्राम भईला पर एक किलो के ही मोल लगाके बाध्यता मे पार के ठगी करहल मेहता सिकायत कईले बानी । महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर १ बरियापुर के गिता साह कलैया बजार मे तरकारी किनला पर कम तौल कर के देवेला आ पईसा पूरा तौल के लेवेला जवना से बरियापुर बजार मे ही किसान लोग के तरकारी किनेनी बतावले बानी ।

कलैया ५ के सुरेश शर्मा कलैया बजार के तरकारी व्यापारी से झन्झट लाग गईल बा विदेश मे रहल व्यवस्था देखला से ओतही जाए के मन लागरहल जनकारी करावले बानी । कलैया बजार मे नेपाल मे रहल सात दल के पहल से देहल गईल नागरिकता वाला अधिक बजार मे व्यवस्थापन विगडल ग्रहक सब के सास्ती देवे के आ बात गल्त गल्त कईला से विगडल शर्मा सिकायत कईले बानी ।

बारा उधोग बाणिज्य के अध्यक्ष राजकुमार साह से जनकारी लेहला पर तरकारी विक्री समिति के जिमा देहल गईल बा ओलोग से जनकारी लेवे कहनी । कलैया तरकारी विक्री समिति के अध्यक्ष आ बारा उधोग बाणिज्य संघ के कार्यसमिति सदस्य दिपलाल प्रसाद साह से जनकारी लेहला पर आपना लगे बजार के कवनो समस्या अईला पर सुधार करेला हरदम पहल कईले बानी । तरकारी तौल मे एकरूपता लियावेला डिजिटल काटा के माध्यम से सभे व्यापारी लोग के खरीद विक्री करे के सहमती भईल जवना से कम तौल देवेवाला काम बन्द खोखे के अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।

अभि के समय मे तरकारी अभिक महगा भईला से व्यापारी लोग के कचा तरकारी भईला से घटा भईल साह जनकारी करावले बानी । तरकारी किनेवाला लोग बजार मे आईला पर व्यापारी लोग आपन समान बेचेला बोलावे के आ आकर्शित करे के काम करेला ओकरा के अन्यथा ना लेवे के साह जनकारी करावले बानी ।

उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च नेपाल बारा के अध्यक्ष नरेश कुमार मोदक बारा के व्यापारी सब के व्यापार मे बहुते अनियमितता रहल जनकारी करावले बानी । जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ कलैया उपमहानगरपालिका के उपमेयर के संयोजकत्व मे बनल बजार अनुगमन समिति बजार अनुगमन ना कईला से व्यापार मे ठगी उपभोक्ता सब के करहल अध्यक्ष मोदक जनकारी करावले बानी ।

हमनी सब अनुगमन समिति के जनकारी करावा के ध्यानाकर्षण करवा रहल बानी ना करी लोग त प्रमाण सब राख के उपभोक्ता ठगी मुद्दा करे के जानकारी अध्यक्ष मोदक जनकारी करावले बानी । अनुगमन ना कईल गईल आ उपभोक्ता सब समान खरिद कररहल पीडा के ना उठावला से व्यापारी लोग ठगी के पेशा मे अगाडि बढल बा सभे निकाय के ध्यान पुगो आ समस्या के समाधान करो बुझरूक जनता लोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।