महानगर प्रमुख सरावगीद्वारा सडक ढलान आ नाला निर्माण के शिलान्यास

वीरगंज २६ भादो
वीरगंज माहानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी वार्ड नम्बर ११ मे निर्माण होखे लागल सडक ढलान आ नाला निर्माण के शिलान्यास कईले बानी ।
नगरस्तरीय बजेट से वार्ड नम्बर ११ श्रीपुर मे निर्माण होखे लागल ढलान सडक आ नाला के आजु नगरप्रमुख बिजय कुमार सरावगी शिलान्यास कईले बानी ।
सडक ढलान तथा नाला निर्माण के शिलान्यास करत नगरप्रमुख सरावगी बरीसो से जीर्ण अवस्था मे रहल उ क्षेत्र मे सडक आ नाला निर्माण के बाद आवत जावत मे सहज होखेके बतवनी ।
उ ढलनाला निर्माण के बाद पानी के भी उचित निकास होके डुबान के समस्या से मुक्त होखेके बतवनी । वार्ड नम्बर ११ के वार्ड अध्यक्ष प्रद्युम्न सेढाँई के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी पर्सा के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेस यादव, सचिव तबरेज अहमद लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एहितरे महानगर प्रमुख सरावगी शनिचर के दिने हि खुनदान कार्जक्रम के भी उदघाटन कईले बानी । वीरगंज सिटी मार्केट से आयोजना कईल खुनदान कार्जक्रम के महानगर प्रमुख सरावगी उदघाटन कईले बानी । वीरगंज के घण्टाघर से उत्तर ओरी मुख्य सडक मे रहल वीरगंज सिटी मार्केट मे आयोजना कईल खुनदान के प्रमुख अतिथि सरावगी उदघाटन कईले रहनी ।





