नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकिकृत समाजवादी) पर्सा जिल्ला कमिटी के सपथ ग्रहण कार्जक्रम पुरा, पहिलका बईठकसे अनेकन निर्णय

वीरगंज २६ भादो
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकिकृत समाजवादी) पर्सा जिल्ला कमिटी के सपथ ग्रहण कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।
उ सपथ ग्रहण कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेकपा (एकिकृत सामाजवादी) के केन्द्रिय सदस्य एवं प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष रामचन्द्र यादव केपी ओली समूह सही रास्ता छोड के बिसर्जन के रास्ता मे गईल आरोप लगवनी ।
यादव कम्युनिष्ट आन्दोलन के उच्च बिन्दु मे पुगावे खातिर सभी नेता, कार्यकतालोग के जोडतोड के साथ पार्टी मे लागे खातिर सुझव देहले रहनी । प्रमुख अतिथी भी रहल अध्यक्ष यादव नेकपा एकिकृत समाजवादी सत्य आ सही लाइन मे रहल जिकिर कईनी ।
बालगोपाल थापा के अध्यक्षता मे गठित १७५ सदस्यीय जिल्ला कमिटी के सपथ ग्रहण कार्जक्रम पुरा भईल बा । उ कार्जक्रम मे १ सय ७५ जने जिल्ला कमिटी सदस्य मेसे उपस्थित १ सय ३८ जने पद तथा गोप्यनिता के सपथ ग्रहण कईले रहलन । बाकी ३७ जने के बाद मे सपथ ग्रहण करावेके पार्टी पर्सा जनवले बा ।
सपथ ग्रहण कार्जक्रम के बाद बईठल जिल्ला कमिटी के बईठक से २५ सदस्यीय जिल्ला सचिवालय कमिटी गठन कईले बा । गठित सचिवालय समिति मे जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, जिल्ला सचिव बिक्रम चौरसिया, जिल्ला सदस्य प्रभुनाथ प्रसाद कुर्मी, बृज प्रसाद यादव, मनोज चौधरी, अरुण यादव, राघव साह, बृजलाल पासवान, मंजुर आलम, राजेन्द्र चौधरी, योग कुमारी तामाङ्ग, रेविन्द्र कार्की, लक्ष्मी श्रेष्ठ कुशवाहा, शान्ति देवी महर्जन, सरस्वती भट्टराई, मोहन यादव, गंगाधर महतो, श्रीलाल साह आ पटवारी बैठा लगायत रहल बाडन ।
उहे बईठक से युवा फाँट ईन्चार्ज मे अनिल पटेल, समाजबादी प्रेस नेपाल ईन्चार्ज मे राघव साह, निजमती कर्मचारी संगठन के ईन्चार्ज मे सुबेदार यादव, पेशागत संगठन के ईन्चार्ज मे संतोष सिंह, दलित मुक्ति समाज के ईन्चार्ज मे बृजलाल पासवान, किसान संघ के ईन्चार्ज मे ध्रूव कुर्मी, बुद्धिजीबी फांट के ईन्चार्ज मे रघुनाथ चौरसिया आ महिला फांट के ईन्चार्ज मे योग माया तामाङ के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।
वीरगंज के बसपार्कस्थित सोलटी पार्टी प्यालेस होटल मे भईल कार्जक्रम मे पूर्व मन्त्री एवम् पार्टीका केन्द्रिय सदस्य नागेन्द्र चौधरी, पर्सा जिल्ला इन्चार्ज एवम् केन्द्रिय सदस्य रामचन्द्र साह, केन्द्रिय सदस्य एवं सांसद डा. पुष्पा कर्ण, प्रदेश सदस्य चिरंजिवी आचार्य, किशोरी कुशवाहा, योगेन्द्र यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
अध्यक्ष बालगोपाल थापा के सभापतित्व मे भईल उ सपथग्रहण कार्जक्रम के सञ्चालन जिल्ला सचिव बिक्रम चौरसिया कईले रहलन आ स्वागत भाषण जिल्ला सदस्य प्रभुनाथ प्रसाद कुर्मी कईले रहलन ।





