पुलीस हिरासत मे रहल अभियुक्त अस्पताल से फरार

वीरगंज २७ भादो

वीरगंज मे पुलीस के हिरासत मे रहल एक अभियुक्त फरार भइल बाडन । लागुऔषध मुद्दा मे पकडाईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे रहल चितवन के भरतपुर महानगरपालिका ३ के १४ बरीस के विक्की सोनार एतवार के सबेरे फरार भईल बाडन ।

भादो १६ गते भारत के रक्सौल से आ रहल समय वीरगंज के इनर्वा नाका से सोनार के पुलीस लागुऔषधसहित पकडले रहे । उनकर साथ से लागुऔषध नुर्फिन ७, डाइजेपाम ७ आ फेनारगन ७ करके २१ एम्पुल बरामद भईल रहे ।

लागुऔषधसहित पकडईला के बाद उनका के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखल गईल रहे । पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे के मुताविक, पुलीस हिरासत मे रहल समय भादो २२ गते अचानक सोनार खुद बिगे लागला के बाद ईलाज के खातिर उहे दिन नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे ।

अस्पताल मे एक जने पुलीस हवल्दार के निगरानी मे ईलाज करा रहल सोनार, एतवार के सबेरे ८ बजे प्रहरी हवल्दार के भुलिया के अस्पताल से फरार भईल प्रहरी उपरीक्षक पाण्ड बतवनी ।

प्रहरी हवल्दार के लापरवाही के चलते अभियुक्त सोनार फरार भईला से उ पुलीस हवल्दार के विभागीय कारबाही करेके भी पाण्डे बतवनी । फरार भईल अभियुक्त के खोजी काम जारी रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।