दु बरीस पहिले के वीरगंज बम विस्फोट घटना के मुख्य अभियुक्त पकडईलें

वीरगंज २८ भादो
२०७६ सावन २४ गते वीरगंज मे भईल बम विस्फोट के घटना के मुख्य अभियुक्त पकडाईल बाडन। पुलीस विवेक सिंह उपनाम से चिन्हल जाएवाला ३३ बरीस के फुलहसन अन्सारी के पकड के सोमार के दिने सार्वजनिक कईले बा ।
सोमार के सबेरे ४ बजे वीरगंज महानगरपालिका–२४ रामगढवास्थित आपन घर आरहल अवस्था मे उनका के पकडल गईल पर्सा के प्रहरी प्रमुख एसपी बेलबहादुर पाण्डे जानकारी देहनी ।
‘वीरगंज मे बेर बेर भईल विष्फोट के घटना के मुख्य योजनाकार उहे रहल कहके खुलल बा’ उ कहनी । अन्सारी नेपाली व्यापारी के धम्की देवेके आ फिरौती लेवेके जईसन काम भी कईल खुलल एसपी पाण्डे बतवनी ।
उनका विरुद्ध विष्फोटक पदार्थ, हाथहथियार तथा खरखजाना आ संगठित अपराधसम्बन्धी मुद्दा पर्सा जिल्ला अदालत मे विचाराधीन बा ।
०७६ सावन २४ गते सँझिया ७ बजे वीरगंज के बिर्ता बजार मे आ सावन २८ गते सँझिया सवा ८ बजे घण्टाघर लगेके तरकारी बजार मे सुतली बम पड्कावल घटना उनकर योजना मे भईल पुलीस के कहनाम बा ।
अन्सारी पर्सा के तत्कालिन रामगढवा गाविस–८ स्थायी ठेगाना उल्लेख भईल कईल नेपाली नागरिकता के प्रमाणपत्र लेहले बाडन । माकिर अनुसन्धान के समय मे उ भारत बिहार, पूर्वी चम्पारण, आदापुर, श्यापुर ग्राम पञ्चायत मे आपन नाम आ पहिचान लुकाके आधार कार्ड बनावल भी मिलल बा ।
जेल से छुट के अपराध करत बाडन
अन्सारी ०६५ पुस ७ गते वीरगंज के व्यापारी राजेश क्याल के गोली मारके हत्या भईल घटना मे संलग्न रहलन । उनका के पुलीस ०६५ पुष १६ गते घटना मे प्रयोग भईल हथियार सहित पकडले रहे । उनका के अदालत जन्मकैद के फैसला सुनवले रहे ।
कैद भुक्तान कर रहल समय मे उ २०७४ साल के दशहरा मे ५६ प्रतिशत कैद मिनाहा होके कारागार कार्यालय पर्सा से थुनामुक्त भईल रहलन । ओकरा बाद उ फेनु आपराधिक क्रियाकलाप मे संलग्न रहल पुलीस के कहनाम बा ।
फुलहसन वीरगंज महानगरपालिका– २० अपौनी के विदेशी साह के समूह मे आवद्ध होके बहुते आपराधिक घटना घटावल पुलीस बतवले बा ।





