नारायणी अस्पताल के अक्सिजन कन्सनट्रेटर सहजोग

वीरगंज २८ भादो

स्ट्याण्डर्ड चार्टर्ड बैंक के सहजोग मे एक्सनएड नेपाल आ दिव्य युवा क्लव पर्सा के सहजीकरण मे नारायणी अस्पताल के अक्सिजन कन्सनट्रेटर सहजोग कईल बा ।

कोभिड–१९ संक्रमितलोग के ईलाज तथा संक्रमण रोकथाम के खातिर वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के ४ थान आ पकाहाँमैनपुर स्वास्थ्य चौकी के १ थान अक्सिजन कन्सनट्रेटर सहजोग कईल दिव्य युवा क्लब के कार्यकारी निर्देशक रामाकान्त प्रसाद कुर्मी जानकारी देहनी ।

उ अक्सिजन कन्सनट्रेटर सोमार के दिने एक कार्जक्रम के बिच संस्था नारायणी अस्पताल के हस्तान्तरण कईले बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी अक्सिजन कन्सनट्रेटर नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेण्डेन बिरेन्द्र राज प्रधान के देहले रहनी ।

अक्सिजन कन्सनट्रेटर हस्तान्तरण कईला के बाद कार्जक्रम के सम्बोधन करत मेयर सरावगी भारत संगे खुल्ला सिमाना जोडल पर्सा जिल्ला भईला से कोभिड संक्रमण के उच्च जोजिम मे रहल बतावत वीरगंज महानगरपालिका कोभिड संक्रमण के रोकथाम करे खातिर पुर्ण रुप मे तईयार रहल बतवनी ।

पर्सा जिल्ला कोभिड १९ के संक्रमण के उच्च जोखिम मे रहला से कोभिड के महामारी के समय मे अक्सिजन कन्सनट्रेटर बहुते हि सहजोग करेके नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरीटेण्डेन प्रधान बतवनी ।

मेडिकल सुपरीटेण्डेन प्रधान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक उदयनारायण सिंह, स्ट्याण्डर्ड चार्टर्ड बैंक वीरगंज शाखा के प्रबन्धक जयप्रकाश प्रसाद, दिब्य युवा क्लब के अध्यक्ष देवनाथ ठाकुर, पकाहाँमैनपुर स्वास्थ्य चौकी के प्रमुख राजिव कुमार कर्ण लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।