पर्सा के अमरपट्टी नाका से दैनिक करोडो के तस्करी हो रहल

वीरगंज ०२ कुवार

नेपाल मे सबसे बेसी राजस्व उठेवाला नाका के रुप मे मानल गईल वीरगंज से दैनिक राजस्व मे कमी आवेके कारण बा कुछ पुलीस के घुसखोरी । पर्सा जिल्ला के अनेकन नाकासब से राजस्व छली करके स्थानिय पुलीस के मिला के तस्करी हो रहल समाचार बाहर आईल बा ।

इहे क्रम मे पर्सा जिल्ला के अमरपट्टी नाका से हरेक दिन करोडो बराबर के लताकपडा अवैध तरिका से नेपाल आ रहल स्थानियलोग के कहनाम रहल बा । बितल एक महिना अगाडी प्रहरी चौकी अमरपटी के कमाण्ड सम्हारल प्रहरी सहायक निरीक्षक बृजकिसोर सिंह तस्करी के लाइन हि सुचारु कईल स्थानिय व्यपारीलोग के कहनाम रहल बा । पर्सा जिल्ला के कारागार मे दरबन्दी रहल प्रहरी सहायक निरीक्षक कुछ महिना पहिले प्रहरी चौकी मिलनचौक मे कार्यरत रहलन ।

प्रहरी सहायक निरीक्षक सिंह मिलनचौक मे रहल समय लकडी तस्कर से समन्वय करके लकडी तस्करी से भी बढिए पईसा कमाईल जनावल गईल बा । प्रहरी सहायक निरीक्षक युवा भईला के चलते जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम टोली के प्रमुख उनका के तान के क्राइम टोली शाखा मे रहले रहलन । माकिर क्राइम टोली बिभाजन होखेके संघार मे पुगला के बाद प्रहरी चौकी अमरपटी के जिम्मा सिंह के देहल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा स्रोत जनवले बा ।

भादो २१ गते जिल्ला के नामुद तस्कर रामेश्वर कहेवाला आदमी के प्रहरी चौकी मे बोलाके मासिक ४ लाख रोपेया बुझला के बाद कपडा तस्करी के लाइन सुचारु भईल पुलीस श्रोत जनवले बा । जिल्ला के सबसे बडका तस्कर के रुप मे चिन्हाईल रामेश्वर स्थानीय प्रहरी प्रशासन के बहुते पईसा देहला के बाद टेम्पु के माध्यम से कपडा लियारहल आ जगरनाथपुर चौक लगे ट्रक मे लोड कर रहल श्रोत के दावी रहल बा ।

उ आपन नाम ना छापेके शर्त मे पुलीस चौकी अमरपटी के प्रमुख प्रहरी सहायक निरीक्षक बृजकिसोर सिंह एक जने पत्रकार के इशारा मे लाइन सुचारु कईल बतवनी । उनका मुताविक जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे अमरपटी नाका मे व्यापक कडाई करेके निर्देशन देहला पर भी प्रहरी सहायक निरीक्षक सिंह सँझिया के समय मे मालसमान के तस्करी करे खातिर निर्देशन भी देहल बतवनी ।

क्राइम के नाम भजावत कर्मचारी से लेके स्थानीय के भी पिडा देत आईल श्रोत के दावी रहल बा । ई बिषय मे सम्बन्धीत निकाय से ध्यान ना पुगईला पर आवेवाला दिन मे प्रहरी संगठन उपर सर्वसधारण से विश्वास उठेके संकेत देखाई देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।