बारा के निजगढ मे कृषि पढनियार एगो लईकी आत्महत्या कईली
प्रभु यादव
बारा ०३ कुवार
बारा के निजगढ मे कृषि पढनियार एगे लईकी आत्महत्या कईले बाडी । निजगढ नगरपालिका वार्ड नं.८ के श्री गौरी शंकर माध्यमिक विद्यालय मे पढरहल अन्दाजी १८ वरीस के प्रियांका यादव आत्महत्या कईले बाडी ।
स्थानीय वाशुदेब दाहल के घर मे डेरा कर के बईठत आरहल यादव शनिचर के रात मे करिब ९ः३० बजे आपन रहत आईल कोठरी मे फसरी लगा के आत्महत्या कईल ईलाका प्रहरी कार्यलय निगजढ के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक शंकर प्रसाद चौधरी जानकारी करावले बानी ।
घटनास्थल मे प्रहरी निरीक्षक के नेतृत्व मे पुगल टोली घटना बारे मे अनुसन्धान करहल ईलाका प्रहरी कार्यलय निगजढ जनाकारी करावले बा । घटना कवना कारण से भइल बा अभि कवनो जनकारी ना आईल प्रहरी जानकारी करावले बा । रौतहट के मैलापुर नगरपालिका वार्ड नं.३ मे घर भईल यादव पढाइ करे खातिर निजगढ आईल रहनी । उ घर के जेठ लडकी रहल रहनी उनका एगो बहिन आ दु भाई रहल बाडन ।
यादव के बाबुजी सिवपुजन यादव चिकित्सक बडन अन्तिम बेर शनिचर के बाबू आ बेटी के भेट भईल रहे । बेटी से भेट कर के घरे पुग के सिवपुजन आपने घर पुग गईनी खबर बेटी के बतावेला फोन सम्पर्क कईला पर फोन नाउठे सकल बगल मे के कोठा मे भाडा मे बईठल प्रियांका के संघतिया से फोन सम्पर्क कईला पर बेटी आत्म हत्या कईल जानकारी भईल मृतक यादव के बुवाजी जानकारी दिहले बानी ।






