चिन्ताजनक अवस्था के किशोरी के स्पर्श मल्टि स्पेशलिटि अस्पताल मे सफल ईलाज

वीरगंज ०३ कुवार
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ बहुअरी स्थित स्पर्श मल्टि स्पेशलिटि अस्पताल विच्छु से काटलासे चिन्ताजनक अवस्था मे पुगल एक किशोरी के सफल ईलाज कईले बा । बारा जिल्ला के निजगढ – ४ निवासी १६ बरीस के किशोरी एलिजा सुनुवार के विच्छु से काटला के बाद चिन्ताजनक अवस्था मे पुगल १३ दिन के बाद सफल ईलाज भईल बा ।
जँगल मे घाँस काटेके समय मे विच्छु से काटला पर निजगढ स्थित स्थानीय उपचार सेवा केन्द्र मे ईलाज कराके उहाँ से ओझा होत वीरगंज के नेशनल मेडिकल कलेज एवं नारायणी अस्पताल होत स्पर्श अस्पताल मे आईल किशोरी के स्पर्श अस्पताल के प्रबन्धन निर्देशक डा. महेश्वर कुर्मी आ डा. घनश्याम कुमार यादव के टिम १३ दिन के बाद ईलाज करेमे सफल भईल बा ।
अनेकन अस्पताल होत स्पर्श अस्पताल मे चिन्ताजनक अवस्था मे आईल किशोरी के ५ दिन भेन्डिलेटर मे राख के ईलाज कईला पर स्वास्थ्य मे सुधार अईला के बाद चिकित्सक के टिम के अब मरेजी के रिकभर कईल जा सकता कहके विश्वस्त भईल डा. महेश्वर कुर्मी जानकारी देहनी । उनका मुताविक ५ दिन के भेन्डिेलटर मे राखके ईलाज कईला के बाद स्वास्थ्य मे सुधार अईला के बाद ३ दिन आईसियू मे राख के एवं ५ दिन वार्ड मे राख के ईलाज करत एतवार के दिने (आजु) १३ वाँ दिन तक पूर्ण रुप मे ईलाज करेमे सफल भईल बतवनी ।
अनेकन अस्पताल से रेफर होके आईल किशोरी के अवस्था एकदमे चिन्ताजनक रहे । साँस लेवेमे समस्या, मुह से खुन निकल रहल, सेचुरेशन लेबल ६६ प्रतिशत, बेहोस् अवस्था एवं स्वाँस प्रस्वाँस तेज रहल अवस्था मे किशोरी के लियावल रहे कहत डा. कुर्मी अवस्था देखके हि चिन्ताजनक रहे माकिर भेन्डिलेटर मे राख के कृत्तिम स्वाँस प्रस्वाँस के नियन्त्रण मे राख के ईलाज कईला पर स्वास्थ्य अवस्था मे सुधार अईला के बाद अब किशोरी के बँचावे सकेके विश्वस्त भईल बतवनी ।
इहे २०७८ वैशाख २६ गते से कोरोना महामारी के बीच संचालन मे आईल उ अस्प्ताल कम समय मे बहुते लोग के सफल ईलाज कईल डा. कुर्मी के कहनाम बा । गम्भिर अवस्था मे पुगल मरेजी के वीरगंज बाहर रेफर करेके परिपाटी के अन्त्य करत स्पर्श अस्पताल सभी बेमारी के ईलाज एके जगहा मे होखेवाला किसिम से सेवा सुविधा विस्तार करत आईल डा. कुर्मी के कहनाम बा । अस्पताल अबगे संचालन मे अईला से व्यवस्थापन मे कुछ कमि कमजोरी भईल हो सकेके कहत अब के दिन मे व्यवस्थित तरिका से अस्पताल के व्यवस्थापन करत लेजाएके उनकर कहनाम बा ।
नेपाल सरकार के मापदण्ड भितर रहके ई अस्पताल अभी के खातिर २५ वेड के सेवा सुविधा देत आईल माकिर आवेवाला दिन मे फेनु नेपाल सरकार से समन्वय करके बेड थपत इहाँ से देवेवाला सेवा के आउर प्रभावकारी बनावत लेजाएके डा. कुर्मी दाबी कइनी । ई अस्पताल मे ८ जने विशेषज्ञ चिक्सिकलोग के टिम सेवा देत आईल बा । अस्पताल मेडिशिन, गाइनो, पिडिआ, अर्थो, ग्यास्ट्रो, पल्मो, सर्जरी आ न्यूरो सर्जरी के सुविधा देत आईल डा. कुर्मी बतवनी ।






