कलैया मे कोरोना विरूद्ध के सुई पहिलका बेर ५० प्रतिशत के लगावल गईल

प्रभु यादव
बारा ०८ कुवार
बारा के सदरमुकाम कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल कुल संख्या के ५० प्रतिशत कोरोना विरूद्ध के सुई लगावल गईल बा ।
२०७७ माघ २३ गते से २०७८ भादो ३० गते तक मे १६ बेर सञ्चालन कईल गईल सुई देवेवाला क्याप से २१ हजार सात सय ४७ जने जनानी आ १९ हजार दु सय ७७ जने मर्दाना कर के जम्मा ४१ हजार २४ जने के कोरोना विरूद्ध के सुई देहल गईल कलैया उपमहानगरपालिका के जन स्वास्थ्य अधिकृत अजय कुमार जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका मे एक लाख ४६ हजार नजसंख्या रहल जवना मे ९२ हजार के १८ वरीस के उपर रहल जनता सब के कोरोना विरूद्ध के सुई लगावे के लक्ष्य रहल अधिकृत जयसवाल जनकारी करावले बानी । पहिलका डोज १९ हजार सात सय ७० जने के लगावल गईल आ पूरा डोज २१ हजार दु सय ५४ जने के कोरोना विरूद्ध के सुई लगावल गईल बा ।
कोभिडसिल छव हजार एक सय सात जने, जनसन आठ हजार दु सय नव जने, भेरोसेल २३ हजार चार सय ८२ जने आ कोभिडसिल के पहिलका डोज लगाव लोग के दुसरा डोज खातिर अस्ट्राजेनिका तीन हजार दु सय २६ जने के सुई लगावल गईल अधिकृत जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
कुआर के १८, १९ आ २० गते ४५ वरीस से उपर के १८ बरीस उपर के पढनियार लईकालईकी सब आ अग्रनी स्थान पर खटेवाला कर्मचारी छुटल लोग के खातिर करिब १८ हजार के कोरोना विरूद्ध के सुई लगावे के तयारी कईल जारहल उपमहानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा जनकारी करावले बा । लैया उपमहानगरपालिका के २७ गो वार्ड मे रहल आधाभुत सामुदायिक स्वस्थ्य केन्द्र मे सुई देह जाई ।






