फेम इन्स्ट्च्यिुटद्वारा चिकित्सा शिक्षा अध्ययन के खातिर तईयारी किलास शुरु

वीरगंज ०९ कुवार

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १२ मुर्ली स्थित फेम इन्स्ट्च्यिुट चिकित्सा शिक्षा के खातिर तईयारी किलास संचालन कईले बा ।

चिकित्सा शिक्षा एम.बि.बि.एस., बि.डि.एस., बि.एस.सि. नर्सिङ्ग तथा फार्मेसी के तईयारी किलास संचालन शुरु कईले बा । चिकित्सा शिक्षा तईयारी किलास संचालन करे खातिर इन्स्ट्च्यिुट कुवार ५ गते से हि विद्यार्थीलोग के रजिष्ट्रेशन फाराम खुल्ला कईले बा आ कुवार १२ गते से तईयारी किलासस संचालन करेके भईल बा ।

उहे किलास संचालन के पूर्व सन्ध्या मे इन्स्ट्च्यिुट चिकित्सा शिक्षा क्षेत्र मे अध्ययन करे चाहेवाला विद्यार्थीलोग के खातिर सेमिनार के आयोजना कईले बा । चिकित्सा शिक्षा के खातिर तईयारी करेवाला करिब ५० जने विद्यार्थीलोग के उपस्थिति बीच राणीसति अतिथि सदन मे आयोजना कईल सेमिनार मे इन्स्ट्च्यिुट के कार्यकारी निर्देशक आशुतोष यादव, डा. मृगेन्द्र कुमार सिंह यादव, निलम ट्रेडर्स के प्रोप्राइटर राजकुमार रौनियार, नेशनल मेडिकल कलेज के एम.बि.बि.एस. अन्तिम बरीस के विद्यार्थीलोग आशिष झा, नेविसंघ पर्सा के युवा नेता राकेश यादव लगायत मेडिकल शिक्षा उपर के विशेषता के बारे मे विद्यार्थीलोग के जानकारी करवले रहलन ।

चिकित्सा क्षेत्र अध्ययन करे खातिर होखेवाला प्रवेश परीक्षा तईयारी के खातिर इन्स्ट्च्यिुट के संयोजक डा. मृगेन्द्र कुमार सिंह यादव, नेशनल मेडिकल कलेज के (एम.बि.बि.एस.) के अन्तिम बरीस के विद्यार्थीलोग रामजी राम, महेन्द्र पाण्डे, दिपक आचार्य, अर्जुन ढकाल, गोविन्द यादव, राज गुप्ता, तिसरका बरीस के विद्यार्थी खगेन्द्र देवकोटा, जनक गौतम, प्रिया चामलिङ्ग तथा विवेक आचार्य किलास संचालन करीहें । चिकित्सा शिक्षा के तईयारी के खातिर इन्स्ट्च्यिुट अनलाइन तथा शारिरिक वर्ग किलास संचालन करी ।

चार महिना के कोर्स रहल उ तईयारी किलास मे प्रतिदिन ४ घण्टा के किलास संचालन होखी आ ई किलास प्लस टु मे विज्ञान शंकाय मे अध्ययन कर रहल आ आवेवाला दिन मे चिकित्सा शिक्षा अध्ययन करेवाला विद्यार्थीलोग के संचालन कईल इन्स्ट्च्यिुट के कार्यकारी निर्देशक आशुतोष यादव जानकारी देहनी । साथे प्लस टु विज्ञान शंकाय मे अध्ययन कर रहल विद्यार्थीलोग के खातिर दैनिक २ घण्टा के प्रि मेडिकल किलास भी संचालन होखे जा रहल निर्देशक यादव के कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।