नेकपा एकीकृत समाजबादी के अनेकन वार्ड मे कमिटी गठन

वीरगंज ०९ कुवार

नेकपा एकीकृत समाजबादी पार्टी के बीरगंज महानगर के अनेकन वार्डसब मे कमिटी गठन भईल बा ।

बीरगंज महानगर के क्रमशः वार्ड नं. १७, २१, २२ आ २३ के भेला होके आजु कमिटी गठन भईल नेकपा एस के जिल्ला सचिवालय सदस्य बृजलाल पासवान बतवले बानी ।

वार्ड नं. १७ मे रमेश चौधरी के अध्यक्षता मे १२१ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा । जेकर उपाध्यक्ष मे अम्बिका साह कानु, रन्जित चौधरी सचिव मे जयलाल पटेल, सह – सचिव मे जुगनु अन्सारी आ सदस्यलोग मे क्रमशः बिजयभक्त माली, लालबाबु पटेल, कपिलदेव साह तुरहा लगायत रहल बानी ।

एहितरे वार्ड नं. २१ मे राजमह्म्द मिया के अध्यक्षता मे ५४ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा । जेकर उपाध्याय मे सन्जय साह, सचिव मे रामनरेश कुशवाहा, सह – सचिव मे सुब्बा पटेल आ कोषाध्यक्ष मे रामेश्वर कुशवाहा रहल बानी ।

एहितरे वार्ड नं. २३ मे आशनरायन पाण्डित के अध्यक्षता मे ३५ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा । जेकर सचिव मे सत्यनारायण माली आ सदस्यलोग मे क्रमश रामानन्द यादव, रमेश महरा, रामअशिश कुशवाहा लगायत रहल बाडन ।

एहितरे वार्ड नं. २२ मे शिव ठाकुर के अध्यक्षता मे २१ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा । जेकर सचिव मे शम्भु गिरि रहल बानी ।

उ अनेकन भेला आ गठन प्रक्रिया मे नेकपा एस के केन्द्रिय सदस्य रामचन्द्र साह, जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, बीरगंज माहानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी, कार्यालय सचिव शंकर कर्ण, जिल्ला सदस्यलोग मन्जुर आलम, बृज प्रसाद यदाव, अनिल पटेल, सुब्बेदार यादव लगायत के सहभागीता रहल सचिवालय सदस्य पासवान बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।