स्रोत ना खुलल साढे १५ लाख सहित तीन जने पकडईलें

वीरगंज १५ कुवार
स्रोत ना खुलल १५ लाख ५० हजार रोपेया नगद सहित पुलीस वीरगंज से तीन जने के पकडले बा । पकडाईल दु जने भारतीय नागरिक हउवन् ।
भारत के पूर्वी चम्पारण थाना कंगेली–१ वसन्तपुर के २५ बरीस के विक्रम पटेल, मोतिहारी थाना पलनवा भेलाही के २९ बरीस के मुकेश पटेल आ पर्सा धोविनी गाँवपालिका–३ हरिहरपुर के २३ बरीस के बलिराम पटेल के रोपेया सहित पकडले बा ।
छपकैया–सिर्सिया नाका होत हुण्डी कारोबार हो रहल सूचना के आधार मे खटल पुलीस टोली वीरगंज–२५ सिर्सिया छोटी भन्सार अगाडि से उलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा । उलोग से पहिनल हेल्मेट भितर मिलल उ रोपेया के स्रोत खुलावे ना सकला के बाद पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
पुलीस उलोग से प्रयोग कईल ना ६० प ५९९८, ना ४१ प १०४८ आ ना ६४ प ८३५९ नम्बर के मोटरसाइकल भी बरामद कईले बा । पकडाईल दुनु जने उपर बैंक तथा वित्तीय संस्था सम्बन्धी ऐन, २०७३ विरूद्व के कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।






