पर्सा मे पुलीस बनवलख चाडपर्वलक्षित सुरक्षा योजना

वीरगंज १६ कुवार
पर्सा मे नजिकात गईल दशहरा, दिपावली आ छठ पर्व के लक्षित करके सुरक्षा योजना बनवले बा । सर्वसाधारण चाडपर्व मनावे मे व्यस्त रहल समय आपराधिक मनोवृत्ति के आदमी सक्रिय रहेवाला भईला से विशेष सुरक्षा योजना बनावल गईल पुलीस जनवले बा ।
चाडबाड के समय मे होखे सकेवाला आपराधिक कृयाकलाप रोकेके, अवैध चोरी निकासी लगायत के अपराधिक घटना रोकेके, धार्मिक सदभाव कायम राखेके आ कउनो भी साम्प्रदायिक घटना होखे ना देवेके, दुर्घटना न्युनीकरण करेकेक, जुतावास खेले ना देवेके पुलीस के योजना बा ।
चाडपर्व के समय मे होखेवाला भीडभाड से कोरोना संक्रमण बढे सकेके, झैझगडा वादविवाद होखे सकेके, सीमा क्षेत्र मे चोरी तस्करी बढे सकेके, सार्वजनिक स्थल मे उच्छृङ्खल क्रियाकलाप होखे सकेके, कलाबजारी बढे सकेके पुलीस के अनुमान बा ।
पुलीस अभी सञ्चालन मे रहल ईनर्वास्थित कोभिड हेल्थ डेस्क के निरन्तरता देवेके, जरुरत मुताविक विस्तार करेके, सार्वजनिक स्थल मे मास्क प्रयोग अनिवार्य करेके लगायत के योजना बनवले बा ।
दशहरा के अवसर मे वीरगंज के गहवामाई, माईस्थान, विर्तामाई, राधेमाई, भुटनदेवि, विन्दवासिनी मन्दिरसब मे भिडभाड होखेला । उ जगहा मे सबेरे ४ बजे से हि ४–४ घण्टा के सिफ्ट मे सुरक्षा व्यवस्था मिलावेके प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे बतवनी ।
छठ के अवसर मे भीड होखेवाला घडीअर्वा पोखरा, नगवा पोखरा, मुर्ली पोखरा, माइदिया पोखरा लगायत के पोखरा तथा नदी किनार मे भी जरुरी सुरक्षा व्यवस्था मिलावेके उनकर कहनाम बा ।
पर्व सुरक्षा योजना कार्यन्वन के खातिर जिल्ला मे ४६ जनानी सहित ९ सय ७६ जनशक्ति परिचालन होखेके प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
एहितरे तालिम प्राप्त कुकुरसहित सीमा नाका आ जङ्गल क्षेत्र के शंकास्पद नाका मे चेकिङ करेके भी पुलीस के योजना बा ।






