गुणस्तरीय शिक्षा पालिका के पहिलका प्राथमिकता : अध्यक्ष चौरसिया

वीरगंज १६ कुवार
पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका के श्री राम चरित्र भगत माध्यमिक विद्यालय मे किलास १२ मे अध्ययनरत विद्यार्थीलोग के विदाई कईल बा ।
विद्यालय परिसर मे आयोजना कईल एक समारोह बीच कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि गाँवपालिका अध्यक्ष विजय कुमार चौरसिया इहाँ से अध्ययनरत विद्यार्थीलोग के उज्ज्वल भविष्य के कामना करत माया के चिनो सहित विदाई कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे बोलल प्रमुख अतिथि विजय कुमार चौरसिया गुणस्तरीय शिक्षा हासिल करे खातिर सहर मात्र दउडेके अवस्था के अन्त्य करत पालिका स्तर मे गुणस्तरीय शिक्षा मे पालिका से जोड देहल बतवनी ।
उ वितल समय मे ई गाँवपालिका अन्तर्गत के विद्यालयसब मे अनुभवी शिक्षकलोग के कमी एवं भौतिक पूर्वाधार के कमी के चलते इहाँ के नागरिकलोग आपन लईकालइकी के गुणस्तरीय शिक्षा हासिल करे खातिर सदरमुकाम दउडेके अवस्था के अन्त्य करत पालिका स्तर मे गुणस्तरीय शिक्षा देवे लागला के बाद विद्यार्थीलोग गाँव के विद्यालय उपर आकर्षित होखे लागल बतवनी ।
अध्यक्ष चौरसिया खुद पालिका अध्यक्ष मे निर्वाचित भईल समय से हि सबसे बेसी लईकालइकी के उच्च गुणस्तरीय शिक्षा देवेके तथा स्वास्थ्य, खानेपानी के व्यवस्थापन ओरी लागला से वर्तमान अवस्था मे ई पालिका अन्तर्गत रहल अधिकाँश विद्यालयसब मे अभी अनुभवी शिक्षकलोग से अध्यापन करईला के चलते इहाँ के शिक्षा स्तर उपर उठल बतवनी ।
विद्यालय के प्रधानाध्यापक छोटेलाल साह तेली के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे विशिष्ठ अतिथि वार्ड नं. ४ के वार्ड अध्यक्ष मदन साह कानु, वार्ड नं. २ के अध्यक्ष ढेदी प्रसाद यादव लगायत जनप्रतिनिधि एवं शिक्षक, शिक्षिका तथा विद्यार्थीलोग के उल्लेख्य उपस्थिति रहल रहे । विद्यालय मे किलास १२ मे अध्ययन करके अन्तिम परीक्षा देहल विद्यार्थीलोग के विदाई कईल रहे । उहे कार्जक्रम मे अबगे एस.ई.ई. परीक्षा पास होके किलास ११ मे भर्ना होखे आईल विद्यार्थीलोग के निःशुल्क भर्ना करेके गाँवपालिका अध्यक्ष घोषणा भी कईले रहनी ।
किलास ११ मे भर्ना होखे आईल विद्यार्थीलोग के भर्ना शुल्क गाँवपालिका से व्यहोरेके कहत निःशुल्क भर्ना करेके अध्यक्ष चौरसिया घोषण कईले रहलन ।






