कलैया–२३ मे दाहा मेला के अवसर मे दु दिने कुस्ती प्रतियोगिता सुरु

प्रभु यादव

बारा १७ कुवार

कलैया उपमहानगरपालिका–२६ सिसवा महेशपुर टोल मे दाहा मेला मे १२ लाख खर्च करके एतवार से दु दिने कुस्ती प्रतियोगिता सुरु भईल बा ।

दाहा मेला देखे आवेवाला श्रद्धालुलोग के मनोरञ्जन के खातिर नेपाल आ भारत से आईल कुस्ती खेलाडीलोग के सहभागिता मे कुस्ती प्रतियोगिता के आयोजना कईल बा । एतवार के दिने मेला मे ११ जोडी कुस्ती खेलाडीलोग कुस्ती खेल देखावल मेला समिति के सचिव शशिकान्त यादव बतवले बानी ।

प्रतियोगिता मे भारत उत्तर प्रदेश झाँसी के बिरा पहलवान के नवलपरासी के वसन्त थापा पराजित करत विजयी भईल सचिव यादव बतवनी । दोसर भारत उत्तर प्रदेश गोरखपुर, महाराजगंज के अवधेश पहलवान के नवलपरासी के बलिराम थापा पराजित करके विजयी भईल बाडन । गोरखपुर के हरमेश पहलवान के अयोध्या के अशोक पहलवान पराजित कईले बाडन ।

एहितरे उत्तराखण्ड हरिद्वार के सोहन पहलवान के बिहार पटना हाजीपुर के सुजित पहलवान पराजित कईले रहलन । झाँसी के उमेश पहलवान के बनारस के गुडु पहलवान दाउ मारके विजयी भईल बाडन । एहितरे उपेन्द्र थापा, भारत यूपी के सोनु आ जयप्रकाश यादव, पर्सा गर्दौल के छोटा सुनिल, भारत हरियाना के अंकित पहलवान, दिल्ली मेरठ के दिपक पहलवान विजयी भईल मेला समिति जनवले बा ।

एहितरे पर्सा मिर्जापुर के लक्ष्मण यादव आ प्रेम यदव, रौतहट के राजेश यादव, वीरगंज के जादोलाल यादव, हरिओम यादव के खेल निश्कर्षविहीन बनल सचिव यादव बतवनी । भारत के दिल्ली, हरियाणा, गाजीपुर आ हिमाञ्चल प्रदेश से पहलवानी करे खातिर ४० जोडी कुस्ती खेलाडी के मेला मे कुस्ती खेल देखावे खातिर बोलावल गईल सचिव यादव दाबी कईले बानी ।

मेला मे कुस्ती प्रतियोगिता मे १२ लाख खर्च होखेके आयोजक बतवले बा । बारा र्निवाचन क्षेत्र नम्बर ३ के साँसद रामबाबु कुमार यादव के प्रमुख आतिथ्यता तथा मेला अध्यक्ष बक्सिश मियाँ के सभापतित्व मे भईल कुस्ती मे कलैया उमनपा के नगर प्रमुख राजेशराय यादव, उपप्रमुख रहिमा खातुन, प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्ण प्रसाद कटुवाल, सुरक्षा प्रमुख लगायत हजारो स्थानीय तथा खेलप्रेमीलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।