श्री जनवादी कृषि सहकारी के छौ वाँ वार्षिक साधारणसभा पुरा

वीरगंज २३ कुवार

श्री जनवादी कृषि सहकारी संस्था लि. वीरगंज–१६ नगवा के छौ वाँ साधारण सभा आजु एगो समारोह के बीच पुरा भईल बा ।

नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय नगवा के सभाहल मे आजु भईल साधारणसभा मे प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ के निलम्बित वार्ड अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया कृषि के मुल्य मान्यता आ सिद्धान्त मुताविक अगाडि बढे खातिर सुझाव देहनी । सहकारी के सभी शेयर सदस्यलोग एक जुट होके कृषि सम्बन्धि खाद, बिया, कृषि औजार लगायत के सामान के समय मे हि व्यवस्थापन करके किसानलोग के सहज बनावेके काम मे लागे खातिर निहोरा भी कईले रहनी ।

सहकारी के अध्यक्ष शंकर प्रसाद चौरसिाय के अध्यक्षता मे भईल सभा मे उपाध्यक्ष मगदीश राउत अहिर, काव्या एकेडेमी के निर्देशक हरिन्द्र कुशवाहा, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया, स्थानिय उमेश गिरी लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।