पत्रकार के न्यायाधीश बनेके ना चाहिं : मेयर सरावगी

वीरगंज २३ कुवार

वीरगंज से संचालित “हाम्रो नेपाल दैनिक डककम” अनलाईन पत्रिका के शनिचर के दिने एक कार्जक्रम के बिच उदघाटन कईल बा । नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभा हल मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय कुमार सरावगी अनलाईन पोर्टल के उदघाटन कईनी ।

उदघाटन कार्जक्रम के सम्बोधन करत मेयर सरावगी खुद हरदम पत्रकारलोग के हक हित के खातिर अग्रसर रहल बतावत पत्रकारलोग के न्यायधिश ना बने खातिर निहोरा कइनी । उ सत्य, तथ्य आ पत्रकार अचारसंहिता के पालना करत समाचार सम्प्रेसण करे खातिर निहोरा कइनी ।

महानगरपालिका पर्सा के पत्रकारकारिता के विकास करेके उदेश्य के साथ कानुन बनाके काम कर रहल तथा पत्र पत्रिकासब के लोककल्याणकारी विज्ञापन के व्यवस्था मिलावल बतवनी । साथे पत्रकारिता अध्ययन करे चाहेवाला पत्रकारलोग के खातिर छात्रावृत्ति के भी व्यवस्था कईल मेयर सरावगी जानकारी करवनी । पत्रिका के संचालक रामेश्वर चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पकहा मैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष विजय कुमार चौरसिया, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के महासचिव श्याम बन्जारा, पर्सा शाखा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, समाजवादी प्रेस संगठन के नेता बृजलाल पासवान लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन । कार्जक्रम के संचालन पत्रकार शम्भु कुमार सुमन कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।