कालिकामाई के स्वास्थ्य चौकीसब मे दवाई के हाहाकार

वीरगंज २४ कुवार

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के सभी वार्ड के स्वास्थ्य चौकीबस मे दवाई के हाहाकार भईल बा । वितल ३ महिना से गाँवपालिका के पांच गो वार्ड के स्वास्थ्य चौकीसब मे दवाई के कमी भईल स्वास्थ्यकर्मीलोग बतवले बाडन ।

स्वास्थ्य चौकीसब से निशुल्क रुप मे मिलेवाला ३५ किसिम के दवाईसब मेसे परासिटामल भी ना रहल स्वास्थ्यकर्मीलोग बतवले बाडन । अभी कोरोना विरुद्ध के खोप देवेके काम हो रहल बा । खोप लेहल बहुते आदमी के बोखार लाग रहल बा । बोखार आईललोग स्वास्थ्य चौकीसब मे परासिटामल के खातिर पुगला पर भी मिले ना सकल स्थानियलोग बतवले बाडन ।

ई बिषय मे खुदसब गाँवपालिका मे सम्पर्क कईला पर झारो टारेके काम मात्र भईल स्वास्थ्यकर्मीलोग के सिकाईत बा ।

गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि आ प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह के लापरवाही से स्वास्थ्य चौकीसब मे दवाईसब कमी भईल स्थानियलोग के कहनाम बा ।

करिब एक महिना से स्वास्थ्य चौकीसब मे दवाई के कमी भईल बारेमे खुद के भी जानकारी मिलल गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक योगेन्द्र चौरसिया बतवनी । दवाई किनेके प्रक्रिया मे रहल आ दशहरा ओरईला के बाद स्वास्थ्य चौकीसब मे दवाई के कमी के समस्या समाधान संयोजक चौरसिया जानकारी करवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।