जसपा पर्सा आपन कार्यालय के भाडा ना तिरला के बाद घर खाली करावे खातिर प्रशासन से निहोरा

वीरगंज ०३ कातिक
जनता समाजवादी पार्टी पर्सा के कार्यालय रहल कोठरी खालि करावे खातिर घरसाहु जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मे निवेदन देहले बाडन ।
वीरगंज के मूर्लिस्थित सुरेश आयल के बगल मे मेनरोड मे रहल जसपा, पर्सा के पार्टी कार्यालय से वितल ४३ महिना से कोठरी भाडा ना तिरला से उ कोठरी खाली करेय खातिर घरसाहु बुध के दिने जिप्रका पर्सा मे निवेदन देहले बाडन ।
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. ३ निवासी बैजनाथ प्रसाद साह के वीरगंज मूर्लिस्थित रहल घर के उपरला तल्ला के दु गो कोठरी सहित के फ्ल्याट जसपा पर्सा भाडा मे लेके पार्टी कार्यालय रखले बा । प्रति महिना रु ८ हजार के दर से वितल ४३ महिना से कोठरी के भाडा रु ३ लाख ४४ हजार बाँकी रहला पर भी खुद बेर बेर भाडा मागला के बाद भाडा पार्टी से ना तिरला के बाद बाध्य होके कोठरी खाली करके भाडा दिलावे खातिर निवेदन देहल घर साहु बैजनाथ प्रसाद साह बतवनी ।
घरधनी साह कहनी, ‘‘जसपा पर्सा के तत्कालिन अध्यक्ष प्रदीप यादव भईल समय ४÷५ महिना मे भाडा मिलत रहे, माकिर अभी जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव आ सचिव तब्रेज अहमद के बेर बेर भाडा देवे खातिर निहोरा कईला पर भी वितल ४३ महिना से भाडा देत नईखन ।” बेर बेर भाडा मांग कईला पर भी उलोग वास्ता ना कईला पर घर खाली करावे मे बाध्य भईल घरधनी साह के कहनाम बा ।
एने जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव कोठरी के भाडा बाँकी रहल स्वीकारत हमनी इहे १४ गते नयाँ जगहा मे पार्टी कार्यालय लेजाए लागला से जेतना भाडा बाकी बा सभी तिरेके साहु के कहल बतवनी । माकिर घरधनी खुद के ओईसन कुछो ना कहल बतवले बाडन ।






