शैक्षिक सुधार के माँग करत बिद्यालय मे तालाबन्दी

प्रभु यादव

बारा ०४ कातिक

बारा के महागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर २ मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय अधारभुत बिद्यालय ईनर्वा मे शैक्षिक सुधार के माग करत अभिभावक सब तालाबन्दी कईले बाडन ।

प्रधानाध्यापक परमहंस यादव सभे दिन बिद्यालय मे ना आईला से बिद्यालय मे नियमित पढाइ ना भईला से बिद्यार्थी सब मार मे पर रहल जवना के खातिर आपना सब के तालाबन्दी करे के परल बिद्यालय व्यवस्थापन समिति के सदस्य जयकिशोर यादव जानकारी करावले बानी ।

आर्थिक हिसाव किताव पारदर्शिता करेके, विद्यार्थी सब खातिर किताब खरिद कईल हिसाव सार्वजनिक करेके, छात्रावृति कवन कारण से विद्यार्थी लोग के ना देहल गईल, खाजा काहे खियावल ना गईल, अनुदान के रकम से कथि कथि कईल गईल जइसन सभे जनकारी करावेला अभिभावक, समिति के सदस्य सब मिलके तालाबन्दी कईले गईल विद्यालय व्यवस्थापन समिति के सदस्य यादव जनकारी करावले बानी ।

विद्यालय व्यवस्थापन के गठन भईला वाद एक बेर बईठक भईल बा आ दशैं के पहिले विद्यालय मे अपना के बोलाके सभे समिति सहि कर देहले बा आपनहु करी कार्पेट आ फम किने के बा कर के सहि करावले बाडन माकिर मास्टर राखे के कहत ना जनकारी भईल समिति के महिला सदस्य बालकेसी अहिरिन बतावले बानी ।

समिति के पुर्ण बईठक ना बोला के अकेले एकेले सदस्य सब के बोलाके किताब कापी किने के कहत भुलियाके अपाङ्ग कोटा मे एक जने शिक्षक छनोट प्रक्रिया मे सही समेत करावले बाडन दलित महिला सदस्य देवरती देवी माझी जनकारी करावले बानी । हमरा के बोलाके कोपी किताव किनेके बा सही करावल गईल पाछे अपना शिक्षक छनोट के खातिर अपना से सही करावल तथ्य बाहर आईल सदस्य माझी जनकारी करावले बाडी ।

किलास १ मे पढनीहार नितेश कुमार यादव खाजा आपना सब के ना मिलल बतावले बाडन । किलास ४ के पढनीहार अनिषा कुमारी यादव छात्रावृर्ती नामिलल सिकायत कईले बानी । बिद्यालय के तथ्याक मे २ सय ८० जने बिद्यार्थी भर्ना रहल जवना मे से नियमित ६० से ८० जने बिद्यार्थी सब आवेला शिक्षिका प्रमिला महतो बतावले बानी । बिद्यालय मे सात जने शिक्षक सब रहल आ किलास ५ तक पढाई होखेला ।

नेपाल शिक्षक यूनियन बारा के जिल्ला अध्यक्ष प्रधानाध्यापक परमहंस यादव स्कुल मे तलाबन्दी करेवाला लोग अभिभावक ना भईल जनकारी करावले बानी । आपन घर ईनर्वा मे भईल ओही जगह मे के उलोग आपना से पहिले से घरायसी झगडा रहला से आपना के बदनाम करावेला स्कुल मे तलाबन्दी कईले बाडन यादव जनकारी करावले बाडन ।

अपाङ्ग शिक्षक के दरबन्दी मे मास्टर राखेला विद्यालय व्यवस्थापन समिति के पुर्ण बईठक से छनौट समिति बनावल गईल जवना के सभे परिक्रिया पूरा कर के छनौट कईल गईल बा अब समिति के बईठक बईठा के अनुमोदन करावल जाई प्रधानाध्यापक यादव जनकारी करावले बानी ।

आपने शिक्षक युनियन के अध्यक्ष भईला से कवनो कवनो दिन काम परला से जाएके परेला प्रधानाध्यापक यादव जनकारी करावले बानी । विद्यालय व्यवस्थापन समिति सदस्य पिन्टु कुमार ज्वला, अभिभावक शम्भु यादव सहित के विद्यालय मे पढनियार लईकालईकी सब के गारजियन सब के तलाबन्दी करेमे सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।