जनमत पार्टी के अध्यक्ष आ कार्यकर्ता के कारवाही के माग करत ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव
बारा ०५ कातिक
बारा के कलैया मे जनमत पार्टी के कार्यकर्ता आ पार्टी अध्यक्ष सिके राउत के कारवाही के माग करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे नेशनल ईन्जिनियर्स एसोसिएसन नेपाल बारा ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।
संघिय खानेपानी तथा ढल व्यवस्थापन आयोजना कार्यालय जनकपुर धनुषा के निमित्त प्रमुख ई. राजेश कुशवाहा के कार्यालय मेसे जनमत पार्टी के कार्यकर्ता सब मुह मे करिया पोत के नगर परिक्रमा करावत कपडा सब फरले बाडन ओकर विरोध करत कारवाही के खातिर ज्ञापन पत्र बुझावले बाडन ।
जिल्ला कार्य समिति बारा के अध्यक्ष ई. मुकेश राज साह आ महासचिव धिरज कुमार साह के हस्तक्षरीत ज्ञापन पत्र मे कानुन रहते कानुन के तोड के उतेजित होकर के अमाविय कार्य कईल लोग के कडा से कडा कारवाही के माग कईल गईल बा ।
विगत के द्वन्द्वकाल मे राजसेवक कर्मचारी के राजनिती मुद्दा के लेके दुव्यवहार कईल जवना के कानुनी कारवाही ना भईला से अधिक घटना घटरहल कहत कानुन के मुताविक कारवाही करे के माग पत्र मे उल्लेख कईले बा ।






