अबैध कस्मेटिक सामान सहित पिकअप पकडाईल

वीरगंज ०७ कातिक
पर्सा पुलीस भन्सार छली करके भारत से अबैध रुपमे लियावल कस्मेटिक सामान सहित पिकअप नियन्त्रण मे लेहले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल टोली बिआर ०५ जिबि २१६६ नम्बर के पिकअप आ डाईबर भारत विहार रक्सौल वार्ड नं.१३ रिहेवाला ४० बरीस के पुनदेव प्रसाद यादव के नियन्त्रण मे लेहले बा ।
सूचना परिचालन तथा प्रहरी कारबाही के सिलसिला मे बोलेरो पिकअप गाडी मे चुरी के मात्र भन्सार कराके आउर अनेकन किसिम के कस्मेटिक के सामानसब भन्सार से अबैध रुपमे लियारहल सूचना मिलला के बाद पुलीस टोली काल्हु शनिचर के सँझिया ५ः४५ बजे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं.७ स्थित रेल्वे सडकखण्ड मे पिकअप के रोक के चेकजाँच करेके समय मे सूचना मुताविक हि भन्सार छली करके लियावल अनेकन कस्मेटिक सामानसब मिलल पुलीस जनवले बा ।
उ पिकअप मे रहल सामानसब के रू दश लाख मूल्याङ्कन करके जरुरी कारवाही के खातिर एतवार के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरिक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।






