भोजपुरी भाषी लोग के आपन भाषा जनगणना मे लिखावेला सचेतना

प्रभु यादव
बारा ०७ कातिक
नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा भोजपुरी भाषी लोग के आपन भाषा के २०७८ के जनगणना मे मातृ भाषा आ पुरखा के भोजपुरी रहल लिखावेला सचेतना जगावेला अभियान सुरू कईले बा ।
कुछ दुसर भाषा के लोग भोजपुरी भाषी लोग के आपन भाषा लिखावेला दवाव देरहल बा जवना से सतरक रह के आपन माई के गोद से सुनल आ बोलल भाषा पहिलका प्रथमिकता रहल नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष रामप्रसाद साह जनकारी करावले बानी ।
पर्सा आ बारा मे कवनो गाव मे पुगला पर भोजपुरी सभे समाज मे बोलेवाला भाषा रहल बा रौतहट मे कुछ लोग भोजपुरी भाषा के बचिका कह के दवाव मे पारे के कार्जक्रम कईला से नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा सचेतना जगावे के काम सुरू कईल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । सचेतना कार्जक्रम मे सहभागी गोपाल सेवा समिति बारा शाखा के अध्यक्ष आ समाज सेवी जंगबहादुर यादव भोजपुरी भाषी लोग आपन मातृ भाषा के ना छोडस दुसरा लोग के भाषा के दवाव देके आपन भाषा के मानेला ना लागे के सचेतना अभियान मे बतावले रहनी ।
बारा के चिउटहा मे रहल रामचरित्र उच्च मावि, कंकाली उच्च मावि सिम्रौनगढ, नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय कचोर्वा आ नेपाल राष्ट्रिय उच्च माध्यमिक विद्यालय पिपरपाती मे किलास ८ से किलास १२ तक के पढनियार लईका लईकी के आपन मातृ भाषा जनगणना मे लिखावे के आ दुसर के दवाव मे ना पडेके आ ना पारेके सचेतना देहल गईल बा ।
स्कुल मे रहल मास्टर पढनिहार लईकालईकी सभे के भोजपुरी भाषा के सचेतना सहित के प्रचा देहत जनगणना मे केहु ना छुटो ना केहु दोहरो ना होखो सचेतना करावल गईल यादव जनकारी करावले बानी । जवना जगह मे दुसर भाषा के लोग आपन भाषा के लिखावेला दवाव दिहे ओह जगह मे पुग के स्वतन्त्र रूप से माई के गोद मे बोलल भाषा लिखावे के सचेत करावल जाएके कहत केहु कवनो भाषा दुसर भाषा के लिखावेला दवाव ना बनावल करो नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के निहोरा रहल बा ।
नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष साह के अगुवाई मे सचेतना अभियान मे उपाध्यक्ष सुरेश मोदक, गोपाल सेवा समिति के बारा अध्यक्ष जंगबहादुर यादव, भोजपुरी साहित्यकार सुरेन्द्र गिरी, अरूण कुमार ओझा, महन्थ यादव, संचारकर्मी रामेश्वर मेहता, अनिल गौरव, प्रभु यादव लगायत के टोली रहल रहे ।





