भ्रष्टाचार बिरुद्ध गौर मे जनमत पार्टी के प्रदर्शन

मेवालाल यादव

रौतहट ०८ कातिक

जनमत पार्टी के केन्द्रीय आन्दोलन के कार्जक्रम मुताविक जनमत पार्टी रौतहट के सदरमुकाम गौर मे भ्रष्टाचार बिरुद्ध सिटी जुलुस प्रदर्शन कईले बा ।

भ्रष्टचारी आ घुसखोर खबरदार, जनकपुर मे गिरफ्तार हमनी के साथि के रिहा कर, साईकल चोर प्रदेश सरकार कुर्सी छोर, जनमत पार्टी जिन्दावाद, जनकारवाही जिन्दावाद, जनता राज जिदावाद, नेता राज मुर्दावाद लगायत नारासब लगावत नेता कार्यकर्तालोग गौर मधेश क्रान्ति चोक से नगर परिक्रमा करत प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रदर्शन के बाद कोणसभा के सम्बोधन करत जनमत पार्टी के केन्द्रीय सदस्य एवं केन्द्रीय प्रकाशन विभाग प्रमुख ललित मल्लिक शानू भ्रष्टाचार बिरुद्ध के ई संघर्ष मधेश से भ्रष्टाचार निर्मूल ना होखे तक अनवरत चलत रहेके बतवले रहनी ।

कोणसभा के नेतालोग डा. शुवन्त कुशवाहा, बिनय बर्मा, रामेश्वर यादव, बृज किशोर पटेल, बिरेन्द्र साह, विकास यादव, ज्वाला रणवीर लगायत नेतालोग सम्बोधन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।