बारा मे नेपाल प्रहरी के निगरानी मे जुवा खेलावल जारहल

बारा ०८ कातिक

बारा के गाँव–गाँव मे नेपाल प्रहरी के निगरानी मे जुवा खेलावल जारहल बा । दशहरा के समय से जुवा मे तास, कौडी खाल जईसन खेल पईसा के हारजित मे खेलावल जारहल माकिर प्रहरी केहु के रोक लगावे के ना कईलख स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा ।

फेटा गाँवपालिका के कटहरिया गाँव मे भारत आ नेपाल से आईल लोग रात रात भर जुवा खेल रहल स्थानिय नाम ना छापे के सर्त मे बतावले बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका के मटिअर्वा, बसतपुर, महागढीमाई के बरियारपुर, गंजभवानीपुर आ दहियार बारागढी गाँवपालिका के श्रीपुरा मे रात के समय मे जुवा खेल होरहल बा माकिर प्रहरी चौकी के पुलिस लोग डिउटी करे आईल माकिर रास्ता छोड के घुमेला स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा । जिल्ला प्रहरी के मिलीभगत मे प्रहरी चौकी के प्रहरी लोग नजराना बुझ के पुगावेला ओही से जानी जानी रास्ता छोड के डिउटी गस्ती करेला स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा । जवना गाँव मे जुवा होरहल बा उलोग रात रात भर आपन घर मे जागरम कर के बईठेला बाहर के लोग जुवा मे हरला वाद आपना सब के कुछ लोटे के काम करसकत बा जवना के कारण जागरम करे के परल स्थानिय लोग पीडा बतावले बाडन ।

बाहर से आवेवाला लोग के विरोध कईला पर जुवा खेलावेवाला आदमी आपना के झगडा करे के आ नोक्सानी करे के काम कर सकता उजुरी कहाँ कईल जाँव पुलिस सब के मिलिभगत मे जुवा होरहल बा त उलटे डाट खाएके परि जवना से पीडा सह के समय वितावे के पररहल पिडित लोग के सिकायत रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।