बसोबास योग्य सहर विषयक कार्यशाला गोष्ठी

प्रभु यादव

बारा १० कातिक

बारा के कलैया मे बसोबास योग्य सहर विषयक कार्यशाला गोष्ठी पुरा भईल बा । लुमन्ति अवासको लागि सहयोग समूह के सहजोग कलैया उपमहानगरपालिका के आयोजना मे दरवार होटल मे कार्यशाल गोष्ठी के कार्जक्रम भईल रहे ।

कार्जक्रम मे बतास नेपाल के योगेन्द्र निरौला आ लक्षमेश्वर मण्डल मे सहर कईसे बनावल जाई बनावे मे कईसे सरोकारवाला के भुमिका रही जवना के सहभागी लोग के सहजिकरण कईले रहलन । कार्जक्रम मे परोसी देश भारत मे बडा से बडा आ छोटा से छोटा सहर के मिला के एक सय १० सहर के अवस्था सब मुल्यांकन कईल जाला ।

वितल साल मे भारत के मध्य प्रदेश मे इतर सहर के पुर्ण मुखय मुल्यांकन मे आईल जनकारी सजिकरण करत जनकारी करावले रहनी । तीन बरीस के योजना बनावत कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा । कार्जक्रम के गम्भिर समस्या के अवस्था अभि कईन रहल आ जायजाय के बात सब बतावल गईल रहे ।

कार्जक्रम के सम्बन्ध मे लुमन्ती अवासको लागि समूह के कार्जक्रम संयोजक अब्दुल कैस प्रकाश परले रहनी । कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव के संयोजक मे भईल कार्जक्रम मे उपमेयर रहिमा खातुन, प्रमुख प्रशास्कीय अधिकृत नाथु साह, वार्ड अध्यक्ष लोग लगायत सरोकारवाला के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।