भिस्वा मे नेपाली कांग्रेस के शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम

वीरगंज १० कातिक

पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ भिस्वा मे नेपाली कांग्रेस के शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा । वार्ड समिति के आयोजना मे भईल दिपावली तथा छठ पर्व के शुभकामना आदनप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल निर्वाचन के तईयारी मे लागे खातिर नेता तथा कार्यकर्तालोग के निर्देशन देहनी । उ अब जलदी स्थानिय भा संघ, प्रदेश के निर्वाचन होखे सकेके बतावत निर्वाचन के तईयारी लागे खातिर निहोरा कइनी ।

उ देश मे समाजिक क्रान्ति के जरुरत रहल भी बतवनी । समाज मे रहल कुरिती हटावे खातिर समाजिक क्रान्ति के जरुरत रहल बतावत नेता रिजाल देश मे कउनो भी संकट के सामाधान कांग्रेस से हि कईल दाबी करत नेपाली कांग्रेस के विकल्प ना रहल बतवनी ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी भी रहल नेता रिजाल जनता के सेवा करे खातिर कांग्रेस के धर्म भईल बतवनी । चुनाव मे हार जित कुछो भईला पर भी निस्वार्थ भावना से गरिब जनता के सेवा करे खातिर नेता तथा कार्यकतालोग के निहोरा कईनी ।

साथे निर्वाचित जनप्रतिनिधि से कईल गलत काम के जनता माझ लेगईला के साथे ओईसन जनप्रतिनिधि के जनता माझ नंग्यावे खातिर भी निहोरा कईनी ।

कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के जिल्ला सचिव किशोरी साह, क्षेत्रिय सभापति रमेश पाण्डे, जिल्ला सदस्य नवीन सिंह, क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव, बलिष्टर अहमद, श्याम पटेल, रामेश्वर महतो लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।