पचरौता नगरपालिका के कर्मचारी सब शान्तिसुरक्षा के माग करत जिप्रका मे बुझावलख ज्ञापन पत्र

प्रभु यादव

बारा १० कातिक

बारा के पचरौता नगरपालिका कार्यालय के कर्मचारी सब जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे शान्ति सुरक्षा के माग करत ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर १ पिपरपाती मे रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय मे विद्यालय व्यवस्थापन समिति के विवाद के लेके पढनियार लईका लईकी सब कार्यपालिका मे ५ घण्टा बन्द करके रखले रहल आ तोड फोड कईल कहत शान्तिसुरक्षा के माग कईले बा ।

जब तकले शान्तिसुरक्षा व्यवस्था ना होई तब तकले कार्यालय आ वार्ड कार्यालय बन्द राखे के ज्ञापन पत्र मे रहल बा ।

कार्यालय तोड फोड करेला पढनियार लईका सब के राजनितिकर्मी जलन्धर सिंह कुछ लोग के उसकाहट मे लगा के कार्यालय के झ्याल सहित ग्रिल निकाल देहले बा सिसा सब फुटा देहल जवना लोग के कानुनी कारवाही करे के ज्ञापन पत्र मे माग कईले बा । मंगर के दिन कार्यालय चलरहल समय मे करिब ११ः३० बजे काम करहल कर्मचारी सब के ५ घण्टा घेर के बन्दी गाली देहत कार्यलय मे आ गाडी सब के तोडफोड करत कार्यलय के बहुमुल्य समान सब तोडफोड कुछ समान आ कागज सब चोर के लेगईल ज्ञापन पत्र मे जनावले बा ।

काम करेवाला कर्मचारी सब के डर त्रास देहला से काम करेला अवस्था नारहल आ घटना मे रहल लोग के छानविन कर के कडा से कडा दोषी के कारवाही करे के ज्ञापन पत्र मे सभे कर्मचारी सब सहि छाप करत जिप्रका मे ज्ञापन पत्र बुझावले बा ।

पचरौता नगरपालिका के कार्यकारी प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत श्याम प्रसाद यादव के नेतृत्व मे पुगल टोलीमे शिक्षा शाखा प्रमुख प्रमोद प्रसाद यादव, स्वास्थ्य शाखा प्रमुख नवलकिशोर यादव लेखा के दिपक चौधरी सहि सभे कर्मचारी लोग ज्ञाप पत्र बुझावले बा ।

ज्ञापन पत्र बुझत प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कट्वाल घटना के छानविन कर के दोषी भईल लोग के कारवाही करे खातिर विश्वास दिलवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।